सिमरा पोखरा हवाई उडान सुर

प्रभु यादव
बारा १६ भादो
बारा के सिमरा से पोखरा आ पोखरा से सिमरा के हवाई उडान बुध से शुरु भईल बा ।
दिगो पर्यटन के खातिर हवाई कनेक्टीभिटी कहेवाला मुल नारा के साथे सिमरा से पोखरा सिधा पहिलका उडान के उदघाटन गण्डकी प्रदेश के पर्यटन मन्त्री मणीभद्र शर्मा कईले बानी ।
आन्तरिक पर्यटन प्रवद्र्धन के खातिर बुद्ध एयर के जहाज लेके सिमरा आईल पर्यटन मन्त्री शर्मा उदघघाटन करत औधोगिक क्षेत्र आ भारतीय पर्यटक सब के खातिर सिमरा से पोखरा सिधा उडान भईला से पुर्व क्षेत्र से पर्यटकिय नगरी पोखरा जाएवाला आ आवेवाला लोग के खातिर सहज भईल बतावले बानी ।
बुद्ध एयर के जहाज से पहिलका बेर १८ सिट क्षमता भईल जहाज पोखरा से सिमरा आईल रहल रहे । सिमरा विमानस्थल मे प्रदेश नं.२ के पर्यटन मन्त्री रामनरेश राय यादव सहित ई क्षेत्र के उद्योग पर्यटन सामाजिक क्षेत्र के स्थानीय सब के उपस्थिति रहल रहे । शुरु शुरू मे हप्ता के दु दिन आईतवार आ बुधवार दोपहर के १ः१५ बजे उडान करे के समय बनल बुद्ध एयर जनाकारी करवले बा ।
माँग बढला पर बढा के उडान कईल जाए के बुद्ध एयर जनाकारी करावले बा । सिमरा पोखरा के टिकट दर चार हजार सात सय ७०, पाँच हजार दु सय ७० आ सात हजार एक सय ७० कर के तीन प्रकार के कायम कईल गईल बुद्ध एयर जनाकारी करावले बा ।



