प्रशासकीय अधिकृत उपर दुव्र्यवहार करेवाला वार्ड अध्यक्ष उपर कारबाही के माग

वीरगंज ०८ फागुन,

विन्दबासिनी गाँवपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत मुन्ना साह रौनियार के दुव्र्यवहार करेवाला वार्ड अध्यक्ष उपर कारबाही करे खातिर कर्मचारी माग कईले बाडन ।

गाँवपालिका मे कार्यरत कर्मचरीलोग सार्वजनिक अपराध मुद्दा दर्ता करके वार्ड अध्यक्ष सुकदेव राउत अहिर उपर कारबाही करे खातिर माग कईले बाडन ।

बुध के दिने वार्ड नम्बर ५ के अध्यक्ष अहिर गाँवपालिका के कार्यालय मे निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत रौनियार के गाली गलौज करत पिटपाट करेके आ ज्यान मारेके धम्की भी देहल दाबी उलोग के बा ।

गाँवपालिका के लेटर प्याड मे अहिर उपर सार्वजनिक अपराध मुद्दा दर्ता करके हद तक के कारबाही के माग करत उलोग जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे निवेदन भी देहले बाडन ।

सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत के बुझावल निवेदन मे निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत रौनियार सहित गाँवपालिका मे कार्यरत २० जने कर्मचारी हस्ताक्षर कईले बाडन ।

निवेदन बुझत सहायक प्रजिअ बस्नेत नियम मुताविक कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावे खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे पठावल बतवले बानी ।

“मुद्दा प्रक्रिया मे जाए खातिर त जाहेरी देवेके पडि, उलोग कारबाही के माग करत निवेदन देहले बानी,” कहत उ, “हम लिखित रुप मे आ टेलिफुन मार्फत नियम मुताविक कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावे के कहले बानी ।”

गाँवपालिका उपाध्यक्ष किरणदेवी गुप्ता सहित के एगो समूह निमित्त प्रशासकीय अधिकृत मनोमानी कईलन कहके सिकाईत लेके प्रशासन मे आईल उनकर कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।