नेपाल कम्यूनिष्ट पार्टी (एकिकृत समाजवादी) बारा के बईठक से अनेकन निर्णय

बारा १९ भादो,
नेपाल कम्यूनिष्ट पार्टी (एकिकृत समाजवादी) पार्टी के केन्द्रीय सदस्य क. दिनेश राई के प्रमुख आतिथ्यता मे क.बिक्रम ठाकुर के अध्यक्षता मे नेकपा (एकिकृत समाजवादी) बारा जिल्ला के बईठक कम्यूनिष्ट नेता, अगुवा कार्यकर्ता तथा शुभचिन्तकलोग के सहभागीता रहे ।
बारा जिल्ला मे प्रतिनिधी सभा विघटन तथा प्रतिगमन के विरोध मे रहल आ १० बुँदे के भुलभुलैया मे रहल कमरेडलोग सँगे रहके कम्यूनिष्ट आन्दोलन के सुद्धिकरण अभियान मे जुटे खातिर ई बईठक आह्वान कईले बा । बईठक मे जिल्ला सचिवालय, जिल्ला कमिटी सदस्य, जनवर्गीय संगठन तथा बुद्धिजिवीलोग के सहभागीता रहल रहे ।
नेकपा (एकिकृत समाजवादी) के केन्द्रीय सदस्य क. दिनेश राई सभी उपमहानगर, नगर तथा गाँवपालिका कमिटी मे पार्टी संगठनसब मे व्यापक छलफल करके २७ गते के जिल्ला अगुवा भेला के सफल बनावे खातिर निहोरा कइनी । व्यक्तिवाद तथा आदमीसब के पछाडि ना लागेके तथा पार्टी, संगठन, बित्री, पद्दती के आधार मे चलेवाला सँस्कृती के विकास मे लागे खातिर निहोरा कइनी ।
केपि ओली के व्यक्तिवादी प्रवृत्ती से पार्टी ई अवस्था मे पुगल स्मरण करत जिल्ला के केहु हमनी के आन्दोलन के पछाडि करे ना सकेके प्रतिवद्धता भी जजनवले रहनी ।
जिल्ला बईठक मे नेकपा (एकिकृत समाजवादी) बिक्रम राम, बतहु यादव, डा. द्वारिका उप्रेती, वीरेन्द्र प्रसाद शाह, सकल राम, श्री प्रसाद पासवान, अरुण यादव, वैद्यनाथ साह, हारिओम साह, राम यादव, कौशलकिशो सिंह, राजेश पटेल, कमला अधिकारी, मालती कुशवाहा, ध्रुव यादव, श्रीनिवास महतो, उस्मान अंसारी, अमलदेव यादव, वीरेन्द्र यादव, विजेन्द्र चौधरी, आ.के. भट्टराई, विन्दा यादव, शम्भु गिरी लगायत बोलल रहनी ।
बईठक से बारा जिल्ला मे नेकपा एकिकृत समाजवादी के सुदृढ, संगठित तथा जनआधारित पार्टी निर्माण के साथे भादो २७ गते के कार्जक्रम के सफल बनावे खातिर मञ्च व्यवस्थापन, स्वयंसेवक तथा जनपरिचालन उपसमिति जनसंगठनसब करेके, आर्थिक उपसमिति, प्रचारप्रसार उपसमिति क. रमेश सुवेदी से संयोजन करेके, हरेक स्थानीय तह से न्यूनत्तम ५० जने अगुवा कार्यकर्ता के सहभागी करावेके, स्थानीय तहसब आपन वार्ड, गाँव, नगर, उपमहानगर के भेला, बईठक करके भादो २७ गते के कलैया कार्जक्रम के भव्य आ सभ्य बनावे के निर्णय कईल बा ।
साथे कलैया मे भादो २७ गते पार्टी अध्यक्ष क. माधव कुमार नेपाल के प्रमुख आतिथ्यता मे पूर्ण जिल्ला कमिटी गठन, विस्तार आ शपथ ग्रहण कार्जक्रम के प्रभावकारी बनावे के निर्णय भईल बा ।






