भारत के मोतिहारी बाल गृह मे रहल बारा के एक लईका के उद्दार

बारा २४ भादो,

संरक्षण नेपाल बारा के सहजिकरण मे संचालित बाल हेल्पलाइन नं १०९८ नेपाल बारा भारत के मोतिहारी से एक लईका के उद्वार करके लियाके परिवार के जिम्मा लगवले बा । बारा के सुवर्ण गाँवपालिका वार्ड नं. ६ मझरिया के बुनिलाल दास तात्मा के १६ बरीस के बेटा किशोरी दास तात्मा के भारत के मोतिहारी से उद्वार करके जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी नायक उपरिक्षक गौतम मिश्रा के सहभागीता मे परिवार के जिम्मा लगावल गईल बा ।

बितल एक बरीस पहिले भारत के मोतिहारी के एक होटल मे काम करेके समय मे पुलीस पकडके बाल श्रम के मुद्दा लगाके बाल गृह मोतिहारी मे रखले रहे । उनकर गारजियन लईका के उद्वार के खातिर जनानी, लईकालईकी तथा ज्येष्ठ नागरिक मन्त्रालय, राष्ट्रिय बाल अधिकार परिषद के सहजोग आ संरक्षण नेपाल बारा के सहजीकरण मे संचालित बाल हेल्पलाईन नं १०९८ नेपाल बारा के जानकारी करईला मे बितल एक महिना के पहल मे लईका के उद्वार कईल संरक्षण नेपाल के अध्यक्ष बृजमोहन कुशवाहा जानकारी देहनी ।

भारत के समाज कल्याण बिभाग पटना से कानुनी प्रकिया मिलला के बाद काल्हु मंगर के दिने बाल हेल्पलाइन न. १०९८ बारा के टोली जाके उ लईका के बुझा के बुध के दिने नेपाल लियावल संस्था के कार्जक्रम संयोजक मुकेश कुमार कुशवाहा बतवनी । जिल्ला प्रशासन, जिल्ला प्रहरी, सुवर्ण गाँवपालिका आ बाल हेल्पलाइन के सकृयता मे उ लईका के आपन गारजियन के जिम्मा लगावे खातिर संरक्षण नेपाल के टिम सराहनिय काम कईल प्रहरी नायक उपरिक्षक गौतम मिश्रा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।