पर्सा मे पुलीस आ तस्कर बीच गोली चलल

वीरगंज २८ भादो,

पर्सा मे पुलीस तीन राउण्ड हवाई फायर कईले बा । पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के फरहदवा लगे पडेवाला जंगल मे पुलीस हवाई फायर कईले बा ।

अवैध रुप मे गाछि कटान करके साल के गोलिया मोटरसाइकल मे राखके लिया रहल समय तस्कर समूह के नियन्त्रण मे लेवेके खोजला पर हवाई फायर कईल पुलीस जनवले बा ।

‘चार गो मोटरसाइकल मे सवार आठ जने तस्कर समूह पाँच जने पुलीस टोली उपर हि आक्रमण करेके खोजलन । ओकरा बाद आत्मरक्षा के खातिर ९ एमएम के पेस्तोल से तीन राउण्ड हवाई फायर कईल बा,’ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल बतवनी ।

सोमार के सबेरे चार बजे तस्कर समूह के नियन्त्रण मे लेवे खातिर हवाई फायर कईला पर भी उलोग भागेमे सफल भईल बाडन । पुलीस बीआर२२एफ ४१०८ आ ना४०प ९३९६ नम्बर के मोटरसाइकल सहित दु थान गोलिया लकडी बरामद कईले बा ।

प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक खनाल के मुताविक लकडी तस्करलोग भागल बाडन । पुलीस हवाई फायर कईला के बाद तस्करलोग दु गो मोटरसाइकल आ दु गो बडका लकडी के गोलिया छोड के भागल खनाल बतवनी । ‘उलोग के खोजी हो रहल बा,’ उ कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।