गरिब परिवार के घर विहीन बनावल गईल, पीडित हि पीडा देहल कहत उल्टे पत्रकार सम्मेलन

वीरगंज ०६ कुवार
बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ९ रानीघाट मे रहत आईल एक परिवार के घर एकाएक कुछ युवालोग के भीड हथौडी से मारके भसकवलख । वितल चार पुस्ता से भोगचलन करत आईल रघुनी साह तुरहा परिवार के घर के वीरगंज महानगरपालिका प्रशासन के आड मे एकाएक घर भसकईला के बाद उ परिवार मे रहलल २२ जने सदस्यलोग विचल्ली मे पडल बाडन । उच्च अदालत आ सर्वोच्च अदालत मे विचाराधीन मुद्दा रहल अवस्था मे पार्टी आ पईसा के आड मे घर भसकावल गईल ।
बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ९ रानीघाट मे काठमाण्डु निवासी राणा परिवार के नाम मे रहल किता नंं. १२८ आ ३५ (अभी कि.नं. ८६) के १९ धुर जमिन दान बक्सिस मे आपन पुर्खा रघुनी साह तुरहा, दरोगा साह तुरहा के मिलल जमिन के अभी आके स्थानीय मधु देवी के नाम मे लालपुर्जा बनाके जमिन खाली करावल रघुनी साह तुरहा के चउथका पुस्ता के जेठ बेटा राजेन्द्र साह तुरहा बतवनी । न्याय के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे जाहेरी देहला पर भी पुलीस पीडित के जाहेरी लेवेके ना मनलख ।
ओमे भी उलटे जमिन किनल मधु देवी के देवर प्रमोद गुप्ता आपन जमिन खाली ना कईल कहत फेनु जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे जाहेरी देहले बाडन । छलफल के खातिर मंगर के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे बोलाके पीडित परिवार के ३ जने जनानी आ एक जने पुरुष के थुना मे रखलन । वार्ड अध्यक्ष लगायत जनप्रतिनिधिलोग के रोहबर मे घर भसकईला पर भी अभी उ घर केकर निर्देशन मे भसकावल गईल कहके स्पष्ट जवाफ आवे सकत नईखे । जग्गाधनी के देवर प्रमोद गुप्ता महानगरपालिका से भसकावल कहत बाडन आ महानगरपालिका के न्यायिक समिति के प्रमुख उपमेयर सुश्री शान्ति कार्की उ विषय मे खुद बात करेके भी ना चाहल कहनी ।
एतना भईला पर भी जग्गाधनी के देवर प्रमोद गुप्ता आजु पत्रकार सम्मेलन करके खुदसब से किनल जमिन हकभोग करेमे समस्या भईल आ घर भसकावल परिवार हमनी के अनावश्यक दुःख देरहल दाबी कईलन । पुलीस प्रशासन से स्थानीय जनप्रतिनिध समेत उनकर पक्ष मे हि काम कर रहल अवस्था मे गुप्ता पत्रकार सम्मेलन करके पीडित परिवार उपर हि आउर आरोप लगवले बाडन । देश मे अभी जमिन किनबेच मे दलाललोग के विगविगि बढल अवस्था मे वितल ४० बरीस पहिले से बसोबास करत आईल जमिन गुप्ता किनके जबरजस्ती विवाद सृजना कईले बाडन आ अभी गरिब परिवार के घर विहीन बनाके अनेकन आरोप प्रत्यारोप लगा रहल बाडन ।
काठमाण्डु निवासीं हेमन्त शमशेर राणा, कनक शमशेर राणा, रुकुम शमशेर राणा आ हटक शमशेर राणा के नाम मे रहल उ जमिन उलोग के माईबाबु सेवासत्कार, जमिन के रेखदेख तथा खेतीपाती कईला मे तत्कालीन समय मे बाबा के देके कभो खाली ना करावेके बाचा सहित २०२१ साल मे बाबा रघुनी साह तुरहा आ २०४८ साल मे बाबु दरोगा साह तुरहा के नाम मे फिल्डबुक मे नाम दर्ता भी करावल बेटा राजेन्द्र साह तुरहा बतवनी । फिल्ड बुक मे अभी भी बाबु आ बाबा के बाबु के नाम रहल पीडित राजेन्द्र साह तुरहा के श्रीमती चन्द्रकाली देवी बतवनी ।
अभी आके आपन परिवार के कउनो जानकारी विना दलाललोग के चलखेल मे स्थानीय मधु देवी के नाम मे खरिद विक्री कराके लालपुर्जा तईयार करके पईसा एवं पार्टी के आड मे जबरजस्ती घर भसकावल पीडित परिवार के आरोप बा । घर भसकला के बाद परिवार के सदस्यलोग अभी सडक मे खुल्ला आकाश के निचे जीवन विता रहल बाडन ।
मधु देवी के मरद जवाहरलाल गुप्ता तथा देवर प्रमोद गुप्ता लगायत न्यायिक समिति से कईल निर्णय, अदालत से पठावल चिठीसब लुकाके तथा खुदसब के जानकारी आ नोटिस बिना जमिन खाली करावे आईल तुरहा परिवार आरोप लगवले बा ।
जमिन खरिद बिक्री होखेके समय मे भी उनकर मरद जवाहिरलाल साह खुदसब के जानकारी हि ना देके आपन मेहरारु के नाम मे पास करावल तुरहा परिवार के आरोप बा । जिल्ला अदालत तुरहा परिवार के पक्ष मे निर्णय कईला पर भी सर्वोच्च अदालत मे माग भईल परमादेश खारेज भईल तथा बीरगंज महानगरपालिका के न्यायिक समिति भी जमिन खाली करावेके निर्णय देहला के बाद गुप्ता परिवार जमिन खाली करवले बाडन । तुरहा परिवार के मुताविक अभी सर्वोच्च अदालत मे मुद्दा विचाराधीन रहल आ कुवार ६ गते (आजु) तारेख रहल बतावत ओकरा से पहिले पार्टी के कार्यकर्ता, गुण्डा आ स्थानीय पुलीस लगाके घर तुरके खाली करावल पीडित राजेन्द्र साह तुरहा के आरोप बा ।
ई बारेमे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ९ के वार्ड अध्यक्ष मनोज प्रसाद कलवार के मुताविक जमिन खाली करावे खातिर घर तोडफोड कईल बारेमे खुद अनभिज्ञ रहल बतवनी ।






