जसपा के बौद्धिमाई नपा मटिअर्वा टोल मे १०७ सदस्यीय कमिटी गठन

मेवालाल यादव
रौतहट १७ कुवार
रौतहट के बौद्धिमाई नगरपालिका मे जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के संगठन सुदृढीकरण एवं जनजागरण (सुज) अभियान अभिमुखिकरण कार्जक्रम पुरा भईल बा । जनता समाजवादी पार्टी नेपाल, रौतहट बौद्धिमाई नगर कमिटि के आयोजना मे पुरा भईल कार्जक्रम बौद्धिमाई नगरपालिका के वार्ड नम्बर ३ मटिअर्वा मे पुरा भईल बा ।
जसपा नेपाल बौद्धिमाई नपा के नगर कमिटी अध्यक्ष तथा बौद्धिमाई नपा वार्ड नं. ६ पिपरिया परोहा के वार्ड अध्यक्ष हृदय नारायण राय यादव आ सिताराम पटेल के सभाअध्यक्षता मे पुरा भईल कार्जक्रम के शुभारम्भ मे मधेश के खातिर बलिदानी देहल ज्ञात–अज्ञात सहिदलोग के सम्झना मे एक मिनेट के मौन धारण कईल रहे । कार्जक्रम के सहजीकरण जसपा शिक्षक संघ के जिल्ला अध्यक्ष कामेश्वर यादव कईले रहनी ।
बौद्धिमाई नपा के नगर स्तरिय कार्जक्रम अन्तर्गत जसपा के ई सुज अभियान अभिमुखिकरण कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि जसपा के केन्द्रीय सदस्य तथा रौतहट क्षेत्र नं.२ के प्रदेशसभा सदस्य रामकिशोर यादव कार्जक्रम के उदघाटन कईले रहनी ।
कार्जक्रम के युवा नेता मनि भुसन साह, लक्ष्मी प्रसाद यादव, अनिल यादव, राम अधार पटेल लगायत के सहभागीता रहल रहे । बौद्धिमाई नपा अन्तर्गत के वार्ड नं ३ मे १०७ सदस्यीय वार्ड कमिटी चयन भईल बा ।
कार्जक्रम मे बौद्धिमाई नगरपालिका के नगर प्रमुख राजीव रंजन यादव शुभकामना देत पार्टी के केन्द्रिय निर्देशन मुताविक मुख्य उद्देश्य पार्टी के जर से बरियार बनावेके, पार्टी संगठन सुदृढ करके आवेवाला निर्वाचन मे जसपा पार्टी के केन्द्र तक बहुमत लियाके सफल होखेके आ संघीयता, सुशासन, समृद्धि आ समाजवाद लियावे खातिर सभी जसपा के नेता कार्यकर्तालोग के निहोरा कईले बानी । कार्जक्रम मे बिधायक रामकिशोर यादव, बौधिमाइ नगरपालिका नगर प्रमुख राजिव रन्जन यादव, वार्ड अध्यक्ष हिरदेनारायन यादव, मनोज पटेल, केन्द्रिय सदस्य विन्देश्वर यादव, बौद्धिमाई नपा के वार्ड नं १ से ९ तक के जसपा के नेता तथा कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।






