बराती पुगा के फिर्ता आईल बस मे मरिच आ छोहडा के तस्करी

वीरगंज ०९ फागुन,

पर्सा पुलीस बराती पुगा के फिर्ता आ रहल बस से छोहडा आ मरिच बरामद कईले बा ।
सिर्सिया से वीरगंज बराती पुगा के गाँव ओरी फिर्ता जा रहल ना ७ ख ८४२१ नम्बर के बस से ३ सय ५० किलो छोहडा आ २ सय किलो मरिच बरामद कईले बा ।
इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया अवैध रुप मे भारत निकासी होखे लागल आशंका मे ७ बोरा छोहडा आ ८ बोरा मरिच नियन्त्रण मे लेहल जनवले बा ।

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ भेडिहारी से शुक के दिने सबेरे साढे २ बजे अवैध रुप मे भारत निकासी करे लागल छोहडा आ मरिच बरामद भईल इप्रका पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र सिंह बतवनी ।

“बराती पुगा के फिर्ता आईल बस मे मरिच आ छोहडा राख के भारत लेजाए लागल बा कहके गोप्य सूचना हमनी के मिलल रहे, चेकजाँच कईला पर सामान मिलल,” कहत उ, “कागजपत्र मागला पर देवे ना सकलन, ओहिसे समान बरामद करके कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल बा ।” बस के डाईबर के संलग्नता ना देखल गईला से उलोग के छोडल गईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।