गाँव गाँव मे शोभा यात्रा, घर घर मे घटस्थापना

प्रभु यादव
बारा २१ कुवार
बारा जिल्ला के १६ गो पालिका के बहुते गाँव मे दुर्गा पुजा के पहिलका दिन शोभा यात्रा निकालल गईल बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका के कलैया बजार, देवकोटा चौक, बरेवा, भवरा, बलिरामपुर, पिप्रढारी, मोतिसर, औधापुर, उत्तर झिटकैया, सखुई, मटेरिया लगायत ठाँव मे दुर्गा पुजा के पहिलका दिन शोभा यात्रा निकाल के नजदीक रहल नदी के जलाशय मे पुग के जल भर के पुजा स्थल मे कलश पुगावल गईल बा । महागढीमाई के बरियारपुर, गंजभवानीपुर, सिम्रौनढ नपा के बजार प्रसौनि गाँवपालिका के प्रसौनि बजार, विश्रामपुर गाँवपालिका, फेटा गाँवपालिका, परवानीपुर गाँवपालिका आ जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के जितपुर बजार लगायत के जगह मे दुर्गा पुजा के शोभा यात्रा बाजागाजा सहित के निकालल गईल रहे ।
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २ औधापुर के दुर्गा पुजा समिति के अध्यक्ष मोतीलाल यादव हिन्दु धर्म से अस्था विश्वास भईल लोग दुर्गा पुजा के पहिलका दिन घटस्थपना के खातिर कलशा लेके शोभा यात्रा मे सहभागी होके नदि मे से लज लिया के पुजा के सुरूवात कईल जनकारी करावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड १६ उत्तरझिटकैया के पुन्देव साह दुर्गा पुजा होरहल ठाँव मे आ जवना गाँव मे ना राखल गाँव के नवरात्री करेवाला लोग घर घर मे घटस्थपना कईल जनकारी करावले बानी ।
एहितरे पर्सा जिल्ला के अनेकन गाँव शहर मे शोभा यात्रा, घर घर मे घटस्थापना कईल गईल बा । वीरगंज के माईस्थान, घण्टाघर, नगवा, बाईपास रोड, रानीघाट लगायत के जगहा मे भी मुर्ती बना के आजु पहिलका दिन शोभा यात्रा निकालल गईल बा ।






