पर्सा से ५ महिना मे साढे ५ हजार के मिलल नागरिकता
पर्सा से ५ महिना मे साढे ५ हजार के मिलल नागरिकता

वीरगंज ०८ अगहन
बितल ५ महिना के समय मे इहाँ जन्म के आधार मे ५ हजार ५ सय ५० जने नेपाली नागरिकता के प्रमाणपत्र मिलल बा । बितल असाढ १० से जिल्ला प्रशासन कार्यालय अईसन नागरिकता वितरण सुरु कईला मे बियफे तक एतना के संख्या नागरिकता लेहले बाडन ।
सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी एवं कार्यालय के सूचना अधिकृत शिवप्रसाद लम्साल के मुताविक जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा आ इलाका प्रशासन कार्यालय सुपौली समेत करके ओतना संख्या मे नागरिकता वितरण कईले बा । अभी दैनिक सरदर १५ से २० जने अईसन नागरिकता कार्यालय से मिल रहल उ बतवनी । वितल समय मे चाप भईला के बाद लागू कईल टोकन प्रणाली अभी के खातिर स्थगन करके सेवाग्राही आईल दिन नागरिकता वितरण करे लागल उ बतवनी ।
एहितरे नेपाल नागरिकता ऐन (पहिलका संशोधन) २०७९ आ नेपाल नागरिकता नियमावली तिसरका सशोधन २०८० के कार्यान्वयन करेके सन्दर्भ मे विदेशी पुरुष नागरिक सँगे वियाह कईल नेपाली जनानी नागरिक के सन्तान से मिलेवाला नेपाली नागरिकता के खातिर कार्यालय मे १ सय ७८ गो निवेदन परल लम्साल बतवनी । अभी नागरिकता ऐन मे संशोधित व्यवस्था मुताविक माई के नाम से वंशज आ अंगीकृत नागरिकता मिलेके आ गैरआवासीय नेपाली भी नागरिकता मिलेके व्यवस्था रहला मे माई के नाम से वंशज के नागरिकता लेवे खातिर कार्यालय मे १ सय ७८ गो निवेदन परल उ बतवनी । ‘नयाँ व्यवस्था मुताविक माई के वंशज नागरिकता भईल माकिर बाबु विदेशी नागरिक ना हउवन बात पुष्टि भईला पर अईसन दम्पती के सन्तान भी वंशज के आधार मे नेपाली नागरिकता मिली,’ कहत उ, ‘मरद विदेशी नागरिक रहल आ माकिर नेपाली पत्नी से अभी सम्बन्ध नईखे आ उलोग के सन्तान से विदेश से नागरिकता लेहले नईखन भा ना लिहन त उलोग अंगीकृत नेपाली नागरिकता मिली ।’
माई के नाम से वंशज के नागरिकता लेवे चाहेवाला तत्काल जिल्ला प्रशासन कार्यालय के निर्णय से नागरिकता मिली । माकिर अंगीकृत नागरिकता लेवे चाहेवाला के हक मे दाबी विरोध के खातिर ७ दिन के सूचना जारी होखेके आ उलोग के हक मे गृह मन्त्रालय के निर्णय के बान मात्र उलोग अंगीकृत नागरिकता मिली ।






