नेकपा एस के वीरगंज–१४ मे कार्यकर्ता भेला

वीरगंज २३ कुवार
नेकपा एकीकृत समजबादी के बीरगंज वार्ड नं. १४ स्तरीय कार्यकर्ता भेला तथा शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
पुरा भईल भेला से मदन कुर्मी के अध्यक्षता मे ३१ सदस्यीय वार्ड कमिटी गठन कईले बा । जेकर उपाध्यक्ष मे राज श्रीवास्तव, सचिव मे प्रहलाद कोईराला, सह–सचिव मे नरेंद्र पटेल आ सदस्यलोग मे क्रमश धर्मेंद्र पटेल, मनीष पटेल, अबास अंसारी, भोला अंसारी लगायत रहल बाडन । उहे भेला से प्रताप पटेल के अधक्षयता मे ११ सदस्यीय युवा संघ नेपाल के वार्ड कमिटी भी गठन कईले बा । जेकर उपाध्यक्ष मे मनीष पटेल, मुफ्रादिउन अंसारी, सचिव मे चंदन पटेल रहल बानी ।
मदन प्रसाद कुर्मी के अध्यक्षता मे भईल भेला मे प्रमुख अतिथी नेकपा एस के पोलिट ब्यूरो सदस्य रामचन्द्र साह, अतिथी जिल्ला अध्यक्ष बालगोपाल थापा, बीरगंज माहानगर अध्यक्ष मनोज चौधरी, उपाध्यक्ष मन्जुर आलम, सचीव बृजलाल पासवान, युवा संघ नेपाल के केन्द्रीय सदस्य अनिल पटेल, नेपाल दलित मुक्ती संगठन पर्सा के अध्यक्ष सुशील हजरा, पार्टी जिल्ला कमिटी सदस्य तपसी पासवान लगायत के लोग मन्तब्य रखले रहलन ।






