अबैध लागू औषध ईन्जेक्सन सहित २ जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा २३ कुवार

बारा मे अबैध लागू औषध ईन्जेक्सन सहित २ जने पकडाईल बाडन । सुक के दिन सँझिया के करिब ९ बजे के समय मे ईलाका प्रहरी कार्यालय जीतपुर से खटल चेकिङ डिउटी के प्रहरी टोलि लागू औषध सहित आदमी के पकडल बारा प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

लागू औषध डाईजेपाम छव सय पिस, लागू औषध फेनारगन छव सय पिस आ लागू औषध नुफिम छव सय पिस कर के १८ सय पिस लागू औषध प्रहरी पकडल प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

जीतपुरसिमरा उप–महानगरपालिका वार्ड नं.७ के वीरगंज–पथलैया सडक खण्ड मे बीरगंज से काठमाण्डु जाएवाला ना.६ ख ६३७७ नम्वर के यात्रु बाहक बस मे चेकजाँच करे के क्रम मे डस्न के भितर लुकाछिपा के राखल मिलल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

लागू औषध सहित भारत विहार पुर्वी चम्पारण मोतिहारी सिसुवा के २९ बरीस के मुन्ना कुमार आ ३५ बरीस के मुनिलाल कुमार पकडाईल बाडन बारा प्रहरी जनकारी करावले बा । पकडाईल लोग के प्रहरी हिरासत मे राख के थप अनुसन्धान कईल जारहल प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।