बंगलादेश विरुद्ध वीरगंज मे हिन्दु युवा के प्रर्दशन, शेख हसिना के पुतला दहन

वीरगंज ०३ कातिक

बंगलादेश मे अल्पसंख्यक के रुप मे रहल हिन्दु उपर हो रहल आक्रमण के विरोध मे विश्व हिन्दु परिषद नेपाल पर्सा बंगलादेशी प्रधानमन्त्री शेख हसिना के पुतला दहन कईले बा ।

बंगलादेश मे निरन्तर हिन्दु उपर आक्रमण तथा हिन्दुलोग के आस्था के केन्द्र के रुप मे रहल मठ मन्दिर मे तोडफोड तथा आगजानी कईला पर भी आरोपित मुस्लिम के कारवाही ना कईल कहत उनकर विरोध करत वीरगंज के घण्टाघर चोक मे पुतला दहन कईले बाडन ।

हिन्दु उपर भईल घटना उपर आक्रोशित परिषद तथा हिन्दु समाज के युवालोग हसिना विरुद्ध प्रर्दशन करत बंगलादेशी हिन्दु के न्याय तथा दोषी मुस्लिम के कडा कारवाही करेके माग करत निकालल विरोध जुलुस नगर परिक्रमा कर्यले रहे ।

माईस्थान से निकालल विरोध जुलुस, आर्दशनगर, अलखियामठ, अडिअर्वा होत घण्टाघर चोक मे विरोध जुलुस पुग के बंगलादेशी प्रधानमन्त्री हसिना के पुतला दहन कईले बाडन ।

हिन्दु उपर हो रहल आक्रमण आ मठ मन्दिर मे हो रहल तोडफोड तथा आगजनि नियन्त्रण मे ना लेहला पर ओकर परिमाण नेपाल मे चुकावेके आक्रोशित युवालोग चेतावनी भी देहलन ।

कोणसभा मे बोतल हिन्दु युवा राकेश यादव बंगलादेश मे रहल ९ प्रतिशत हिन्दु तथा उलोग के आस्था के केन्द्र रहल मठमन्दिर मे तोडफोड आगजनी जईसन घटना ना रोकला पर ओकर परिमाण खराब होखेके चेतावनी देहनी । उ कहनी, हमनी केहु के विरुद्ध के आन्दोलन कईले नइखी, मानवता विरुद्ध हो रहल अमानविय काम के विरोध कईल गईल बा, चाहे विश्व के कउनो भी देश मे रहल अल्पसंख्या के पक्ष मे आवाज उठाएम ।

जदी शेख हसिना भी बंगलादेश मे रहल अल्पसंख्यक हिन्दु के संरक्षण ना कईला पर ओकर परिणाम बढिया ना होखी, इहाँ के बहुसंख्यक हिन्दु भी सुतल नईखन ओकर विकल्प निकाले के चेतावनी भी उ देहनी ।

हमनी हिन्दु के बेटा हईं कदापी केहु के अहित करत नइखन माकिर बंगलादेश मे जउन किसिम के हिन्दु उपर हो रहल हिंसा से पुरे विश्व के मानवता उपर के कलंक ह । युवा नेता निरन्जन साह कहनी, ‘बंगलादेश मे हिन्दु उपर हो रहल हिंसा शेख हसिना से ना रोकला पर नेपाल के रहल अल्पसंख्यक मुस्लिम के भी हमनी कभो ना छोडेम ।’

मुस्लीम आतंकबाद रोकेके पडि ना त हमनी भी नेपाल मे रहल मुस्लिम के मस्जिद, मदर्शा मे आक्रमण कईला पर का होखी ? शेख हसिना से कल्पना करेके पडि कहत उ हमनी केहु के अहित करेके नइखी खोजत, माकिर हमनी के हिन्दु समाज उपर हो रहल हिंसा ना रुकला पर इहाँ भी अहित हो सकता ।

विरोध सभा मे युवा नेता प्रकाश शर्मा भी बंगलादेश के प्रधानमन्त्री हि हिन्दु उपर हिंसा करा रहल आरोप लगवनी । उ कहनी, मुस्लिम आतंकवादी से अल्पसंख्यक हिन्दु उपर कर रहल हिंसा शेख हसिना से ना रोकला पर एकर परिमाण खराब होखेके चेतावनी भी देहनी ।

युवा नेता मनोज गुप्ता भी बंगलादेश मे हो रहल हिंसा रोके खातिर नेपाल मे बंगलादेशी बस्तुविक्री वितरण मे रोक लगावेके माग कईलन । उ कहनी, हमनी हिन्दु बंगलादेश मे सुरक्षित नइखी त उलोग के मालसमान खरीद कईला पर का बंगलादेशी मुस्लिम आतंकवादी के पोसे पालेके काम करीं ?

बंगलादेशी मालसमान विक्री वितरण मे रोक सहित नेपाल मे हसिना के प्रवेश मे रोक भी लगावे के चेतावनी उनकर बा । विरोध प्रर्दशन मे हिन्दु युवा नेता सन्तोष गुप्ता, राहुल शर्मा, संजीव साह, राजा गुप्ता लगायत के हिन्दु युवालोग के सहभागिता रहल रहे ।

उलोग से बंगलादेश मे हो रहल घटना के विरोध मे बियफे के दिने ज्ञापन आ काठमाण्डु मे रहल बंगलादेशी दुतावास घेराव करेके चेतावनी भी उलोग देहले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।