वीरगंज मे आगी नियन्त्रण सम्बन्धी कृत्रिम अभ्यास

वीरगंज ०४ कातिक

वीरगंज के आदर्शनगर बसपार्कस्थित फुस के छानी भईल घर मे आगलागी भईल सूचना प्रहरी कन्ट्रोल मे आईल । प्रहरी सेट से तत्काल २ नं प्रदेश विपद व्यवस्थापन गुल्म के जानकारी करावल गईल । गुल्म के दमकल साइरन बजावत निकलल । घटनास्थल पुगते मातर दमकल मे खटल कर्मचारी पाइप से पानी बिगके आगी बुतवलन ।

माकिर ई वास्तविक घटना ना रहे । घरेलु आगलागी नियन्त्रण तथा बँचेवाला उपाय सम्बन्धी कृत्रिम अभ्यास कईल रहे । गुल्म वीरगंज आदर्शनगरस्थित ग्रीन सिटि सामुदायिक सेवा केन्द्र से मिल के कार्जक्रम रखले रहे ।

गुल्म प्रमुख प्रहरी निरीक्षक नितेश कुमार सिंह ग्यास मे तेल धिकईला पर बरेवाला आगी, सिलिण्डर मे तथा आदमी के देह मे आगी लागला पर कईसे बुतावेके, आगलागी मे घायल के उद्दार कईसे करेके, स्ट्रेचर ना भईल जगहा मे घरेलु सामान के प्रयोग करके कईसे स्ट्रेचर तईयार करेके बारेमे जानकारी करवनी ।

‘आगी लागते मातर हडबडाके भागेके ना, सही तरिका अपनईला पर आगी लागते मातर बुतावल जाज सकता । धनजन के नोक्सानी होखेके बँचावल जा सकता,’ कहत उ, ‘ग्यास के पाइप भा रेगुलेटर मे आगी ना लागेला ग्यास ना पड्की । सावधानी अपनाके रेगुलेटर बन्द करेके चाहिं ।’

कराइ मे तेल धिकईला पर आगी लागला पर पुरे देह तोपेके, बेड सिट भा कटन के पर्दा के भिजाके तोपेके, बेकिङ सोडा भा नुन डालके भी आगी बुतावे सकेके उनकर कहनाम बा ।

‘पेट्रोल, तेल मे पानी डालला से आगी ना बुती । चिनी पिसान ज्वलनशील पदार्थ ह ओकर प्रयोग भी ना करेके चाहिं,’ कहत उ, ‘आगी सहज रुपसे ना लागेवाला सामान के प्रयोग करेके चाहिं ।’ उ घर तथा दोकान मे आगी फायर स्टिङग्वीसर से कईसे तत्काल बुतावेके बारेमे भी जानकारी करवले रहलन ।

कृत्रिम घटना अभ्यास के बाद बोलत प्रहरी उपरीक्षक बेल बहादुर पाण्डे नजिकात गईल दिपावली मे आगलागी के घटना होखे सकेके भईला से सचेत होखेके बतवनी ।

‘दिपावली वत्ती बारेवाला पर्व ह, आगलागी के घटना हो सकता । सचेत होके दुर्घटना होखे ना देवेके पडल,’ कहत उ, ‘आगी लागते मातर डराके भागे से भी सही तरिका से बुतावे सकला पर धन जन के बेसी नोक्सानी होखे ना सकि ।’

जिल्ला विपद व्यवस्थापन समिति पर्सा के अध्यक्ष प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेश कुमार ढकाल छोटा छोटा असावधानी से बडका दुर्घटना होखे सकेवाला भईला से सचेत होखेके बात मे जोड देहनी । सहरी क्षेत्र मे ग्यास से बेसी आगलागी के घटना बढावल बतावत उ सावधानी अपनावे खातिर निहोरा कइनी ।

‘आगी लागला पर अन्यौल होखेला । माकिर बुतावे के उपाय जानला पर सजिलो से नियन्त्रण कईल जा सकता’ प्रजिअ ढकाल कहनी, ‘सही जानकारी समय मे लेहला पर दुर्घटना होखे ना सकि ।’

ग्रीन सिटी सामुदायिक सेवा केन्द्र आदर्शनगर के अध्यक्ष जयप्रकाश खेतान उँच भवन मे आगलागी भईला पर फँसल आदमी के उद्दार करेके बारेमे भी कृत्तिम घटना अभ्यास करावल जरुरी बा कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।