बेमौसमी बर्षात से बारा मे पाँच हजार हेक्टर खेती मे नोक्सानी

प्रभु यादव

बारा ०४ कातिक

लगातार तीन दिन के बेमौसमी बर्षात से बारा मे करीब पाँच हजार चार सय १८ हेक्टर मे लगावल बाली नोक्सान भईल बा ।

बारा के १६ स्थानिय तह मेसे १२ गो के क्षति अनुमानित कईल गईल जवना मे धान चार हजार नव सय ९४ हेक्टर, तरकारी तीन सय ८९ हेक्टर आ तोरी ३५ हेक्टर क्षति भईल कृषि प्राविधिक लोग के अनुमान रहल कृषि ज्ञान केन्द्र के प्रमुख जितेन्द्र यादव जनकारी करावले बानी ।

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका, जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका, महागढीमाई नगरपालिका, सिम्रौनगढ नगरपालिका, पचरौता नगरपालिका, कोल्हवी नगरपालिका, देवताल गाँवपालिका, परवानीपुर गाँवपालिका, प्रसौनी गाँवपालिका, फेटा गाँवपालिका, सुवर्ण गाँवपालिका आ बिश्रामपुर गाँवपालिका के क्षति सम्बन्धि अनुमान कईला पर क्षति विवरण आईल प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी ।

धान खेती मे अधिक क्षेत्रफल कोल्हवी नगरपालिका आ परवानीपुर मे १२ सय हेक्टर मे २० प्रतिशत कम क्षति भईल फेटा गाँवपालिका मे ३० हेक्टर मे १५ प्रतिशत क्षति भईल कृषि ज्ञान केन्द्र बारा जनकारी करावले बा । प्रतिशत के हिसाब से धान सिम्रौनगढ छव सय ३४ हेक्टर क्षेत्रफल मे ४० प्रतिशत आ प्रसौनी गाँवपालिका मे धान ८५ हेक्टर मे ४० प्रतिशत कम मे फेटा गाँवपालिका मे धान ३० हेक्टर मे १५ प्रतिशत क्षति भईल सुरूवात विवरण आईल ज्ञान केन्द्र बारा जनकारी करावले बा ।

तरकारी सब से अधिक सिम्रौनगढ नगरपालिका मे दु सय हेक्टर मे ६० प्रतिशत आ कम मे जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका मे चार हेक्टर क्षेत्रफल मे ४० प्रतिशत नोक्सान भईल अनुमानित कईल गईल कार्यालय प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी । सुवर्ण गाँवपालिका मे तोरी ३५ हेक्टर मे ५० प्रतिशत क्षति भईल कृषि ज्ञान केन्द्र बारा जनकारी करावले बा ।

पालिका सब मे क्षति भईल विस्तृत विवरण लेहल जारहल बा आईला वाद पूरा क्षति भईल विवरण आई कृषि ज्ञान केन्द्र बारा जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।