वीरगंज मे मोछड नियन्त्रण के खातिर ‘एयर स्प्रे’ कईल जा रहल

वीरगंज १२ कातिक
वीरगंज महानगरपालिका मोछड नियन्त्रण के खातिर ‘एयर स्प्रे’ करेके भईल बा । जाडा मौसम शुरु होखे लागला से मोछड नियन्त्रण के खातिर महानगर ‘एयर स्प्रे’ करे लागल बा ।
महानगर के सरसफाइ व्यवस्थापन शाखा प्रमुख अधिकृत सर्फुदिन मियाँ कातिक १४ गते से ऐयर स्प्रे करेवाला तालिका सार्वजनिक कईले बाडन । सँझिया ५ बजे से एयर स्प्रे करेवाला महानगरपालिका जनवले बा । डिजल मे मालाथिन मिलाके स्प्रे कईल गईल बा ।
पहिलका दिन वार्ड नम्बर १, २ आ ३ मे स्प्रे करेके कार्जक्रम बा आ अभियान अगहन १० गते तक चली ।
ठण्डी आ गर्मी मौसम शुरु होरहल समय वीरगंज मे मोछड के अत्याधिक प्रकोप देखल गईल बा । मोछड बढे ना देके आ बढल के नियन्त्रण करे खातिर वीरगंज महानगरपालिका बरीस मे दु बेर दवाई छिटत बा ।
मोछड के काटला से फईले सकेवाला डेंगु, मलेरिया जईसन प्राणघातक बेमारी के संक्रमण फईले ना देवे खातिर महानगर के ३२ गो वार्ड मे ‘एयर स्प्रे’ करे लागल नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी जानकारी देहनी ।






