चेतना चत तथा ऋण सहकारी संस्था के १६ वाँ वार्षिक साधारण सभा

वीरगंज १३ कातिक

चेतना बचत तथा ऋण सहकारी संस्था के शनिचर के दिने १६ वाँ वार्षिक साधारण सभा पुरा भईल बा ।

सभा के प्रमुख अतिथी नेफ्स्कुन के सञ्चालक सदस्य हारे राम पटेल कार्जक्रम के उदघाटन करत संस्था से हरेक जन्ता के मन जितेमे सफल भईला मे बधाई देहनी । अध्यक्ष जंग बहादुर प्रसाद ई संस्था से नाफा आर्जन करेमे सफल भईला मे खुसी जनावत अभी के अवस्था मे सहकारी एगो गरिब, निमुखा, दैनिक ज्यालादारी करेवाला आदमी के खातिर सहकार्य के भूमिका निभावे मे सफल होत अईला मे सभी के बचत करे खातिर निहोरा कईनी ।

सहकारी के मदत से आजु साधारण आदमी भी आजु आपन जीवन के उपर उठावेमे सफल भईल आ सहकारी आम जनता उपर भईल शासन के बेथिति के तुरेमे सफल भईल बतवनी । कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि जिल्ला बचत तथा ऋण सहकारी संघ लि. पर्सा के अध्यक्ष राजेश पंडित शुभकामन देत ई संस्था लगानी मात्र ना सामजिक क्षेत्र मे भी बडका सफलता हासिल कईला मे खुशी व्यक्त कईनी ।

कार्जक्रम मे संस्था के अध्यक्ष जंग बहादुर प्रसाद संस्था के वार्षिक प्रतवेदन प्रस्तुत कईले रहनी । अफजल अंसारी से सञ्चालन कईल कार्जक्रम मे असगर अली, जिष्णु बराल, राजेन्द्र प्रसाद जैसवाल, नग नारायाण सिहं, कुन्दन पाल, बिजय कुमार गुप्ता, अनुप यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।