टेम्पो संघ के नाम मे अवैध असुली

वीरगंज १५ कातिक

वीरगंज महानगर भितर चलेवाला तीन चक्के टेम्पो से ‘संघ’ के नाम मे अवैध असुली हो रहल तथ्य मिलल बा । नेपाल भारत सीमा क्षेत्र मे परेवाला रजतजयन्ती चोक मे स्थापित टीन के टहरा स्थापना करके ‘संघ’ के नाम मे हरेक टेम्पो से ५० से १०० रोपेया तक असुली कर रहल मिलल बा ।

रजतजयन्ती चोक मे स्थापित टहरा मे खटल एक जने आदमी वीरगंज रक्सौल यातायात प्रा.लि.के लेटरप्याड मे रु ५० से १०० रोपेया के टिकट काटके असुली करत आईल बाडन । ममताज अली मन्सुर इन्चार्ज के नाम से चिट काट के हरेक टेम्पो से अवैध रकम असुलल जाता । असुली कईल रोपेया काथि खातिर ? आ कहाँ जम्मा होखेला कहके कउनो लेखाजोखा नईखे । मात्र ‘टेम्पो संघ’ के नाम से हरेक टेम्पो से पईसा असुलल जा रहल बा ।

टेम्पो संघ के अध्यक्ष रहल ममताज अली मन्सुर आपन एकलौटी रुप मे वीरगंज रक्सौल यातायात प्रा.लि.के नाम से पईसा असुलेलन । वीरगंज मे संचालित टेम्पोसब के संरक्षण तथा हकहित के खातिर ‘टेम्पो संघ’ भी इहाँ रहल बा आ संघ के नाम से भी मन्सुरी पईसा असुलेलन माकिर ओकर कउनो बिल ना देवेलन ।

संघ के अध्यक्ष भी रहल मन्सुर वीरगंज के बसपार्क स्थित आ रजतजयन्ती चोक स्थित दु जगहा से टेम्पोसब से पईसा असुलेलन । असुली कईल पईसा काहे ? आ काथि खाथिर असुली करत आईल बाडन ? केहु खोजविन भी ना कईला के चलते बाध्य होके पईसा तिरेके पडल टेम्पो व्यवसायीलोग के कहनाम बा ।

इहाँ पैसा ना देहला पर ट्राफिक पुलीस के कहके अनेकन बहाना मे अध्यक्ष मन्सुर टेम्पो पकडवावेके टेम्पो व्यवसायीलोग के कहनाम बा । वीरगंज महानगरपालिका अभी तक टेम्पो चालकलोग के रुट पर्मिट ना देहल गईल आ अधिकाँश टेम्पो चालकलोग लगे लाइसेन्स ना भईला के चलते बाध्य होके संघ के नाम मे पईसा तिरेके पडल उलोग के कहनाम बा ।

ई बारेमे संघ के अध्यक्ष ममताज अलि मन्सुर से बुझला पर इहाँ चलेवाला सभी टेम्पो के खुद अध्यक्ष रहल बतवनी । काथि खातिर पईसा असुली हो रहल बा आ ई पईसा कहाँ जम्मा होखेला आ कहाँ प्रयोग हो रहल कहके विषय मे खुद कुछो ना बोलेके कहत गैरजिम्मेवारपूर्ण जवाफ देहलन । मन्सुरी महानगर मे अनेकन कारण बस पकडाईल टेम्पोसब के छोडावेके आ वीरगंज महानगर भितर टेम्पो चलावे देहल बापत पईसा असुल रहल टेम्पो चालकसब के कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।