सरूवा रोग के सम्बन्ध मे पत्रकार सँगे बतकही कार्जक्रम पुरा

प्रभु यादव
बारा १३ माघ
कुष्ठरोग आ हाथिपाईले रोग सम्बन्धि पत्रकार सँगे एक दिने बतकही कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
कुष्ठ आ हाथिपाईले रोग के निवारण खातिर सरकार से कईल काम सुस्त रहल संस्था से लेहल गईल अभियान सफल होई । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि पत्रकार राकेश पाण्डे आपन मन्तव्य राखत अईसन जनकारी करावले बानी ।
द लिपरोसी मिसन नेपाल के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे हिले परियोजना के बारा, पर्सा आ रौतहट संयोजक त्रिलोक कुमार मण्डल सरूवा रोग सब के विमार लोग कुष्ठ रोग के छपावेला आ बाकी रोग के आपन भईल पीडा के सम्बन्ध मे जनकारी करावेला माकिर ओकरा के खुलके कईसे जनकारी करावत दवाई करावे मे सहज से पहुची ओकरा खातिर सभे के प्रयास करे के जनकारी करावले रहलन ।
पत्रकार सब के कुष्ठरोग भईल लोग दवाई करा के ठिक भईल होई जवन लोग के आत्म कथा लिखे के आ संचार माध्यम मे प्रकाशन कईला से सचेतना होके खुलके दवाई करवावे मे लगला वाद नियन्त्रण होखे के मण्डल जनकारी करावले रहनी ।
नेपाल मे तीन हजार दु सय ८२ जने कुष्ठरोग के दवाई खा रहल बाडन । जन्म से लेके १४ बरीस के भितर दु जने मात्र रहल मण्डल जनकारी करावले रहनी ।
नेपाल के सात प्रदेश मध्ये प्रदेश २ मे १० हजार मे से १ दशमलव ९३ जने रहल बा सब से कम गण्डकी प्रदेश मे १० हजार मे दशमलव ४० प्रतिशत लोग कुष्ठरोग के दवाई सेवन करहल मण्डल जनकारी करावले रहलन ।
बारा जिल्ला मे ७२ जने कुष्ठरोग के दवाई खा रहल बाडन आ हाथिपाईले के प्रदेश २ के आठ जिल्ला मे से बारा मेही मात्र आम लोग के दवाई खियावे के परहल बा ।
जेलोग के कुष्ठरोग के लक्षण देखल जात बा उलोग के ललितपुर मे रहल आनन्दवार होस्पीटल मे निःशुल्क दवाई आ अपरेशन करे के काम होरहल बा उहाँ पगे खातिर द लिपरोसी मिसन नेपाल के कार्यालय सिमरा मे सम्पर्क कईला पर व्यवस्था करे के मण्डल जनकारी देहनी ।
कार्जक्रम युके एड के सहजोग आ द लिपरोसी मिसन नेपाल के आयोजना मे भईल जवना मे बारा पत्रकार, जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय के सरूवा रोग के फोकल पर्सन शंकर गुप्ता, आयोजक संस्था के गिता न्यौपानी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






