परवानीपुर गा.पा.–५ बहुअरी मे विष्णु नारायण धर्मशाला के उदघाटन

वीरगंज १७ कातिक

बारा के परवानीपुर गाँवपालिका–५ बहुअरी मे १५ बरीस के बाद विष्णु नारायण धर्मशाला के आजु एगो समारोह के बिच उदघाटन कईल गईल बा ।

प्रदेश नं २ के पूर्व भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल बुध के दिने धर्मशाला के उदघाटन कईले बाडन ।

सार्वजनिक जमिन मे बनावल गईल धर्मशाला ७४ फिट लम्बाई आ ५६ फिट चौडाई के बा । हल आ ७ गो कोठरी भईल धर्मशाला वियाह, पार्टी, ब्रतबन्ध लगायत सामाजिक काम मे प्रयोग कईल जाई ।

धर्मशाला बनावे खातिर ५९ लाख रोपेया खर्च भईल निर्माण कार्य समिति के अध्यक्ष सुरेश प्रसाद कुर्मी जानकारी देहनी ।

वि.स.२०६३ साल मे शिलान्यास कईल धर्मशाला बनावे खातिर १५ बरीस लागल बा । संविधान सभा सदस्य जय प्रकाश यादव के संसदीय क्षेत्र विकास कोष के १ लाख ५० हजार रोपेया से निर्माण शुरु कईल रहे ।

बाद मे जिल्ला विकास समिति बारा से ६ लाख ५० हजार बजेट देहले रहे । स्थानीय बासिन्दा भी १ लाख रोपेया खर्च कईलख । स्थानीय तह के निर्वाचन के बाद परवानीपुर गाँवपलिका २० लाख आ प्रदेश सरकार ३० लाख रोपेया देहले रहे ।

धर्मशाला मे ५९ लाख खर्च भईला पर भी सिपटी तइयार भईल नईखे । सेप्टी ट्याङ्की के काम पुरा भईल बा । उपर के संरचना तईयार करे खातिर रोपेया के कमी बा । धर्मशाला पछाडी के खाली जमिन मे भान्छाघर बनावेके योजना रहल निर्माण समिति को अध्यक्ष कुर्मी बतवनी ।

कार्जक्रम के उदघाटन करत नेता सोनन हम मधेस आ मधेसी जनता के सेवा करे खातिर हरसम्भव तईयार रहल बतावत बिकास के मामीला मे सभी राजनीतिक दलसब एक होके सकारात्मक रुप से एक जगहा मे खडा भईला पर मात्र बिकास पुरा होखेके बात मे जोड देहनी । नेता सोनल अभी समाज मे एक दोसर के आदर सत्कार करेके सास्कृती ओरात गईल आ सास्कृती के जोगावे खातिर एक दोसर से मिलके बईठेके बात मे जोड देहनी ।

एहितरे बारा क्षेत्र नं ४ के क्षेत्रीय सांसद तथा पुर्व खेलकुद बिकास मन्त्री एकवाल मिया शुभकामना मन्तब्य देत बारा आ पर्सा जील्लाभर मे अईसन धर्मशाला कहुँ ना रहला से निर्माण समीती के सदस्यलोग के धन्यवाद देहनी । उ बिकास करे खातिर खुद कभो भी पछाडि ना हटल आ लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी हरदम जनता के विकास मे लागेवाला भईला से हम स्थानीय, प्रदेश आ केन्द्र से लड के विकास के काम करेके देखावेके बतवनी ।

धर्मशाला निर्माण समीति के अध्यक्ष तथा लोकतान्त्रीक समाजवादी पार्टी के नेता सुरेश पटेल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल बार एसोसिएसन के केन्द्रिय उपाध्यक्ष शिवचन्द्र सिंह, पार्टी के पालिका अध्यक्ष जगत नारायण मण्डल, समाजसेवी दारासिंह पटेल, लालबहादुर पटेल, असेश्वर पटेल, भोला मीया, अजय पटेल, शिवसंकर पटेल, डा प्रमोद यादव, भरत ठाकुर, राजु देवान, ईलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनी के प्रहरी निरिक्षक विन्देश्वर यादव लगायत के लोग शुभकामना मन्तब्य रखले रहनी । सञ्चारकर्मी आनन्द पटेल से सञ्चालन कईल कार्जक्रम मे स्वच्छ समाज यूवा क्लब के अध्यक्ष भुपेन्दर पटेल, उपाध्यक्ष उमेश साह, कोषाध्यक्ष मुरतुजा आलम, क्लब के सदस्य प्रमोद पटेल, अखिल पटेल, दिपेन्द्र पटेल, संजु साह लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।