छठ पर्व ः रसियावरोटी के विधि पुरा, वीरगंज बजारमे छठ पुजा के सामान किनेवालन के भिडभाड बढल

वीरगंज २३ कातिक
छठ पर्व के दुसरका दिन मंगर के रसियावरोटी (खरना विधि) कईल गईल बा । सत्य आ अहिंसा उपर मानव के रुचि बढावेके आ सभी जीव उपर सहानुभूति राखेके अभिप्रेरित करेवाला तराईबासी के महान् चाड छठ विधिवत रुप मे सोमार से शुरु भईल बा ।
कातिक शुक्लपक्ष मे चार दिन तक मनावल जाएवाला छठपर्व के तराईमधेस मे ई समय अलगे रौनक रहल बा । छठपर्व मनावेवालालोग पोखरा, नदी, तलाव लगायत के जलाशयसब के सरसफाई करके सजावट करेमे व्यस्त बाडन । जलाशयसब के दुलही जईसन सजावेके काम हो रहल बा ।
छठपर्व के पहिलका दिन सोमार के नहायखाय विधि पुरा कईल गईल बा । कातिक महिना के शुक्ल पक्ष के चतुर्थी तिथी के दिन सबेरे व्रतालुलोग सबेरे नहायखाय विधि अर्थात नहाके शुद्ध होके खईले रहलन । उ दिन ब्रतालुलोग नहाके शुद्ध होके पियाज आ लसुन ना मिलावल शुद्ध शाकाहारी भोजन ग्रहण कईले रहलन ।
कातिक शुक्लपक्ष के पञ्चमी तिथी अर्थात पर्व के दुसरका दिन आजु रसियावरोटी के विधि कईल गईल बा । रसियावरोटी के दिन व्रतालु जनानी आ मरदानालोग दिनभर उपवास रहके सँझिया दूध, चाउर आ सख्खर डालके पकावल खिर, शुद्ध पिसान से बनावल रोटी लगायत अनेकन फलफूल तथा मिठाइ सजाके छठ देवता के आगमन के नेवता देत कुल देवता के पूजा कईला के बाद व्रतालु सहित घरपरिवार के सभी सदस्य उहे सामान प्रसाद के रूप मे ग्रहण कईले बाडन । अईसे रसियावरोटी के विधि पुरा भईल बा । एहितरे षष्ठी तिथी अर्थात पर्व के तिसरका दिन डुब रहल सूर्य आ सप्तमी तिथी मे उगरहल सूर्य के अर्घ देके छठ पर्व विधिवत रुप मे समापन होखेला । बहुते निष्ठा आ कठोर पर्व के रुप मे मानल जाएवाला छठ मे ब्रतालुलोग रसियावरोटी के दिन से निराहार व्रत रहेलन ।
एहितरे छठ पर्व के अवसर मे वीरगंज के मुख्य सडक मे सवारी साधन के चाप बढल बा । घण्टाघर से माईस्थान तक पुगेमे सामान्य अवस्था से बेसी समय लागेला ।
वीरगंज मे चाडपर्व के बजार सडक मे लागेला । घण्टाघर लगे से लेके माईस्थान लगायत के जगहा मे छठ पर्व मे प्रयोग होखेवाला बाँस के सामान, माटी के बरतन, अर्घ के सामान बेंचे किनेवालन के भिड लागल बा । छठ पर्व के चलते आर्थिक नगरी वीरगंज मे समान्य दिन के बराबरी मे आदमीसब के चहल पहल बढल बा । छठ पर्व के खातिर जरुरी सामान किने खातिर आदमीसब वीरगंज आ आसपास के गाँव से बजार आईल बाडन । वीरगंज लगायत मध्य तराई के गाँवघर, छठिघाट लगायत के जगहा मे छठ के गीत से माहोल भक्तिमय बनल बा । जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी निरीक्षक सुमन कार्की सडक मे व्यापार करेमे रोक लगावल गईल बतवनी । ‘सडक मे सवारी साधन चलेके जगहा नईखे, पार्किङ भी उहें होखेला, व्यापार करे देहला पर ट्राफिक अस्तव्यस्त होखेला’ कहत उ ‘ओहिसे मुख्य सडक मे दोकान राखे नईखे देहल गईल । माईस्थान मन्दिर अगाडि पार्क मे सामान रखले बाडन ।’
वीरगंज बजार छठ पर्व मे ‘कोशी भरे खातिर’ जरुरी सामान से तोपाल गईल बा । जउना मे आदी, अरुई, सुथनी, मुरई, हरदी, बोडी, नरिवल, सेव, समतोला, केरा, ऊँखी लगायत के कृषिजन्य उपज होखेला । अर्घपात के खातिर कसईली, लाईची, ल्वाङ, सिन्दुर लगायत के समान भी जहाँतहाँ बेंचा रहल सहजे देखल जा सकता ।






