२० बरीस के औद्योगिक नीति लियावे खातिर वीरगंज के उद्योगी के माग

वीरगंज ०९ अगहन

वीरगंज के उद्योगी व्यवसायी दीर्घकालीन औद्योगिक नीति लियावे खातिर सरकार के निहोरा कईले बाडन । उद्योग दिवस के अवसर मे वीरगंज मे बियफे के दिने आयोजना कईल कार्जक्रम मे उलोग राजनीतिक नेतृत्व परिवर्तन भईला पर भी परिवर्तन ना होखेवाला किसिम से २० बरीस के भा ४० बरीस के औद्योगिक नीति लियावे के बिचार रखनी ।

अस्थिर राजनीति आ राजनैतिक नेतृत्व के स्वार्थ से औद्योगिक नीति मे परिवर्तन भईइला पर उद्योगी व्यवसायी समस्या मे परेके उलोग के तर्क बा ।

वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के उपाध्यक्ष हरि गौतम राजनैतिक अस्थिरता के मार से मुक्ति लेवे खातिर २० बरीस के औद्योगिक नीति जरुरी रहल बतवनी । ‘खोला के डिल मे पईसा गिराके उद्योग लगावल गईल, रास्ता बनईला के बाद वस्ती विकास होखी,’ कहत उ, ‘ओकरा बाद प्रदूषण लगायत विविध बहाना मे उद्योग मे पथल चलावे पुगेलन, धिरे धिरे उद्योग हि धरासायी बनेला ।’

एक हजार बिघा क्षेत्रफल मे एके बेर वातावरणीय प्रभाव मूल्यांकन करके जमिन, रास्ता, बिजुली, सुरक्षा प्रबन्ध, ढल निकास लगायत पूर्वाधार तईयार करके औद्योगिक क्षेत्र बनावेके उनकर बिचार बा । श्रम ऐन अव्यवहारिक देखल गईल, बारा पर्सा औद्योगिक करिडोर मे ढल निकास के व्यवस्था होखे ना सकल, थोक तरकारी बजार ना भईला से किसान समस्या मे परल बतवनी ।

वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के पूर्वअध्यक्ष अशोक वैद्य औद्योगिक विकास के खातिर नतिजामुखी कार्जक्रम आवेके बात मे जोड देहनी । ‘बजेट अईला के बाद कार्जक्रम करेके आ औपचारिकता पुरा करेके चलन बा, नतिजामुखी काम होखेके पडि,’ कहत उ, ‘बडका बडका उद्योगसब बन्द हो रहल बा काहे कहके खोजी करेके पडि, ओईसन उद्योग के पुनरुत्थान करे खातिर राज्य से सहजोग करेके पडि ।’ सरकार परिवर्तन होते मातर नीति परिवर्तन करेके परिपाटी से औद्योगिक विकास सम्भव ना भईल उनकर कहनाम बा ।

नेपाली युवा उद्यमी मञ्च वीरगंज के अध्यक्ष अनुप अग्रवाल विदेशी लगानी लिअईला पर स्वदेशी उद्योग के समस्या मे पारे ना होखेके बतवनी ।

‘मेक इन नेपाल जईसन अभियान मे विदेशी लगानी लियावे के बात कईल जाला, कउन क्षेत्र मे लियावेके, कउन क्षेत्र मे ना लियावेके, कहके स्पष्ट नीति राज्य से लेवेके पडि,’ कहत उ, ‘सिमेन्ट उद्योग मे विदेशी लिअईला पर नेपाली स्वदेशी उद्योग गुमावेके अवस्था बा । स्वदेशी उद्योग के मार परेवाला किसिम से विदेशी लगानी लियावेके ना चाहिं ।’

नेपाल उद्योग वाणिज्य महासंघ प्रदेश नं २ के अध्यक्ष गणेश लाठ भारतीय पर्यटक से २५ हजार भारतीय रोेपेया लेके अईला पर भी पकडके ‘हुण्डी’ फस्टाईल बतवनी ।

युवा व्यवसायी आशिष लाठ सरकार से उद्योगधन्दा के आर्थिक मेरुदण्ड के रुप मे लेवेके बतवनी । सम्भाव्यता अध्ययन करके जरुरत के पहिचान करके राज्य से उद्योगी व्यवसायी के लगानी के खातिर सहज वातावरण तईयार करेके उनकर कहनाम बा । पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेश कुमार ढकाल उद्योग के शान्ति सुरक्षा मे कउनो कसर बाँकी ना राखेके बतवनी । समस्या के स्थानीय स्तर से करे सकेवाला समाधान करेके आश्वासन देत उ अन्यथा उद्योगी आ सरकारबीच मे पुल के काम करके सहजोग करेके बतवनी । बारा–पर्सा औद्योगिक करिडोर से विस्थापित भईल उद्योग के फेनु लियावे के वातावरण सभी मिलके तइयारी करेके उनकर कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।