पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे गाँजा खेती बढल, पुलीस काट के नोक्सान करे खातिर अभियान चलवलख

मेघराज राय

जिराभवानी ११ अगहन

पुलीस प्रशासन से कडाइ आ कारवाही अभियान सुरु कईला के बाद पर्सा मे २०६७ साल से पूर्ण रुप मे बन्द भईल गाँजा खेती अभी फेनु सुरु भईल बा ।

पर्सा के उतरी जङ्गल क्षेत्रसब लगायत के गाँवसब मे किसानलोग गाँजा रोपल स्थानीयवासी बतवले बाडन । चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज आ पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के जंगल से सिमा जुडल साबिक के गाविससब मे गाँजा खेती कईल बा ।

एहितरे वन अतिक्रमण कईल जमिन आ खोला के किनार मे भी कारोबारी आ किसानलोग गाँजा रोपले बाडन । ७÷८ बरीस से गाँजा के खेती बन्द भईला के चलते पर्सा मे गाँजा के बीया के कमी भईला के बाद इहाँ के किसानलोग मकवानपुर के पहाडी गाँव से बीया लियाके रोपल जनावल गईल बा ।

कैयन जगहा मे किसानलोग गाँजा के कारोबारीलोग के लगानी मे गाँजा के खेती कईल गाँवके लोग बतवले बाडन । कैयन किसानलोग घर के पछाडी के वारि तथा सुर्ती खेत मे ऊँख के खेत के बिच मे भी अबैध गाजा खेती कईल बा । माकिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता एवम प्रहरी नायव उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल खुद के गाजा खेती भईल बारे मे कउनो जानकारी ना भईल कहत तत्काल उ क्षेत्र मे गाजा खेती काटे खातिर पुलीस टोली परिचालन करके कटानी काम के तेजी देहल बतवनी ।

एहितरे काल्हु ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामकाजी थापा के कमान्ड मे खटल पुलीस टोली सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर एक के खजुरिया सथवल एरिया मे अबैध रुप मे रोपल गाँजा खेती काट के नोक्सान कईले बा ।

बितल बरीस के बराबरी मे ई बरीस पटेर्वासुगौली के एरिया मे गाँजा कम रहल स्थानीय बतवले बाडन । बितल बरीस पुलीस कारवाही मे लगभग १३ बिगहा मे रोपल गाँजा खेती काटके नोक्सान कईल रहे । उहे गाँजा खेत मेसे एक आदमी के पकड के मुद्दा चलईला के बाद ई बरीस कुछ कम गाँजा खेती भईल बा ।

पर्सा के ग्रामीण भेग के अनेकन जगहा मे गाँजा खेती रहला से पुलीस गाँजा खेती कटानी खातिर अभियान हि चला रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक रमेश बस्नेत बतवनी ।

गाँजा खेती केकर ह कहके विषय मे अनुसन्धान हो रहल प्रहरी उपरीक्षक बस्नेत बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।