बारागढी गा.पा. घर–घर पुग के बटलख सा.सु. भत्ता

प्रभु यादव

बारा १२ अगहन

बारा के बारागढी गाँवपालिका कार्यालय शारीरिक रूप मे कमजोर, अशक्त आ अपाङ्गता भईल लोग के साजिक सुरक्षा भत्ता घर–घर मे पुग के देहले बा ।

गाँवपालिका आ हिमालयन बैक संगे समन्वय कर के भत्ता घर घर मे पुग के देहले बा । गाँवपालिका आ बैंक के कर्मचारी टोली सब घर घर मे पुग के सामाजिक सुरक्षा भत्ता वितरण कईला पर स्थानीय सब बहुते खुसी भईल रहलन । सामाजिक सुरक्षा भत्ता लेहत स्थानिय पुरानिया छट्टु राम गाँवपालिका के ई काम कईला से सिंहदरबार गाँव मे आईल महसुस भईल बतावले बाडन ।

समाजिक सुरक्षा भत्ता वितरण कार्जक्रम मे गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत आमोद चौधरी, हिमालयन बैंक लिमिटेड खोपवा शाखा के प्रबन्धक अनिल श्रीवास्तव, एम आई एस अपरेटर श्रीनिवास चौधरी, बैंक के कर्मचारी निकिन गुप्ता, सम्बन्धित वार्ड के वार्ड सचिव, वार्ड सदस्य धर्मेन्द्र चौधरी लगायत के उपस्थिति रहल प्रशासकीय अधिकृत चौधरी जानकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।