वीरगंज मे अगहन १७ गते ह्विल चियर म्याराथन होखी

वीरगंज १५ अगहन

वीरगंज मे पहिलका बेर ह्विल चियर म्याराथन होखेके जनावल गईल बा । अलाईड युथ सोसाईटी अगहन १७ गते म्याराथन करे लागल बा ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा मे आजु पत्रकार सम्मेलन करके वीरगंज के आदर्शनगर स्थित पुराना बसपार्क मे होखेवाला म्याराथन के बारे मे जानकारी करावल गईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका, किरण आँखा अस्पताल, वीरगंज पब्लिक कलेज, डिएभी स्कुल लगायत के सहजोग मे २ सय मिटर ह्विलचियर म्याराथन करे लागल सोसाईटी जनवले बा । अन्र्तराष्ट्रिय अपाङ्ग दिवस के दिन आपाङ्गता भईललोग के हौसला बढावे खातिर म्याराथन के आयोजना करे लागल सोसाईटी के अध्यक्ष ओम कुमार झा जानकारी देहनी ।

‘विविध दिवससब कार्जक्रम भव्य रुपमे मनावल जाला, माकिर अपांग दिवस के केहु वास्ता ना करेलन ।’ कहत उ ‘ओहिसे कार्जक्रम कईल जा रहल बा ।’

२५ जने सहभागी करावे के लक्ष्य आयोजक के बा । प्रथम होखेवाला के हाईड आउट मे डिनर, ह्विल चियर, बैशाखी, ईलेक्टिङक जग, बैशाखी लगायत पुरस्कार बा आ द्वितिय आ तृतिय होखेवाला बैशाखी, च्यवनप्रास लगायत सामान देवेके आयोजक जनवले बा ।

सहभागी केहु के भी खाली हाथ ना पठावेवाला किसिम से तइयारी कईल सोसाईटी के उपाध्यक्ष आकाश दास बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।