स्थानिय तह मे मतदाता नामावली दर्ता सुक के दिन से सुरू

प्रभु यादव
बारा १६ अगहन
बारा मे सुकर के दिन से आपन आपन स्थानीय तह मे पुग के मतदाता नामावली दर्ता करावे के जिल्ला निर्वाचन कार्यालय बारा जनकारी करावले बा ।
निर्वाचन आयोग अगहन १७ गते से आपने बईठल स्थानिय तह मे मतदाता नामावली दर्ता करावेके व्यवस्था करावले बा ।
नामावली दर्ता करे खातिर जिल्ला निर्वाचन कार्यालय, जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ बारा मे रहल सम्बन्धित ईलाका प्रशासन कार्यालय मे व्यवस्था कईल गईल जिल्ला निर्वाचन कार्यालय बारा के प्रमुख सरोज कुमार चौधरी जानकारी करावले बानी । जिल्ला मे रहल १६ स्थानीय तह मध्ये जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका आ कोल्हवी नगरपालिका मे सम्बन्धित ईलाका प्रशासन कार्यालय मे दर्ता कईल जायेके प्रमुख चौधरी जनकारी करावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका मे जिल्ला निर्वाचन कार्यालय मे पुग के मतदाता नामावली दर्ता करे के ब्यबस्था कइल गइल प्रमुख चौधरी जनकारी करावले बानी । स्थानीय तह मध्ये सिम्रौनगढ नगरपालिका, निजगढ नगरपालिका, महागढीमाई नगरपालिका, पचरौता नगरपालिका, करैयामाई गाँवपालिका, देवताल गाँवपालिका मे अगहन १७ गते से पुष २ गते तक सम्बन्धीत स्थानीय तह के कार्यालय मे मतदाता नामावली दर्ता करे के ब्यबस्था कईल गईल बा ।
प्रसौनी गाँवपालिका, सुवर्ण गाँवपालिका, परवानिपुर गाँवपालिका, फेटा गाँवपालिका, बारागढी गाँवपालिका, विश्रामपुर गाँवपालिका मे पुस ४ गते से १८ गते तक सम्बन्धीत स्थानीय तह के कार्यालय मे मतदाता नामावली दर्ता करे के निर्वाचन कार्यालय बारा के प्रमुख चधरी जनकारी करावले बानी ।
दर्ता करल सम्बन्धित निकाय मे मतदाता नामावली दर्ता करावे खातिर नेपाली नागरिकता के सक्कल प्रमाण पत्र अनिवार्य लियावे के नागरिकता मे उल्लेखित ठेगाना से दुसरे के ठेगाना उल्लेख करवाके दर्ता करवावेला नेपाली नागरिकता के सक्कल प्रमाण पत्र साथे साथे बसाईसराई के सक्कल प्रमाण पत्र लियावेके जानकारी करनवले बानी ।






