धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं २ भिखमपुर मे निःशुल्क आँखा शिबिर

वीरगंज १८ अगहन
आर एम केडिया आँखा अस्पताल परवानीपुर आ धोबिनी गाँवपालिका के सहजोग मे आ सामुदायिक तालिम केन्द्र पर्सा के आयोजना मे आजु एक दिने निःशुल्क आँखा शिबिर पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं २ भिखमपुर मे पुरा भईल बा । प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र भिखमपुर मे आयोजना कईल निःशुल्क आँखा शिविर मे ३ सय १२ जने आँखा चेकजाँच करवले रहलन ।
जउना मेसे १ सय २६ जने मे मोतियाबिन्दु मिलल आयोजक संस्था जनवले बा । शिबिर मे निःशुल्क दवाई आ ६० जने जनानीलोग के चश्मा भी देहल गईल रहे । निःशुल्क आँखा शिबिर मे मोतियाबिन्दु मिलललोग के निःशुल्क सल्यक्रिया भी करेके आयोजक संस्था जनवले बा ।
निःशुल्क आँखा शिबिर धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं २ भिखमपुर के वार्ड अध्यक्ष नन्दलाल प्रसाद कुर्मी के अध्यक्षता मे पुरा भईल रहे । निःशुल्क आँखा शिबिर मे केडिया अँखा अस्पताल के चिकित्सक शिवशंकर प्रसाद, रासदेव साह, संतोष साह, लालबाबु मण्डल, राजेश अधिकारी, चनरमन पटेल लगायत आँख के मरेजीलोग के चेकजाँच कईले रहलन ।
निःशुल्क अँखा शिविर मे वार्ड अध्यक्ष कुर्मी जनानीलोग के दवाई आ चश्मा बितरण कईले रहनी । निःशुल्क आँखा शिबिर कार्जक्रम मे वार्ड नं ५ के वार्ड अध्यक्ष मनाउर मियाँ, प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र भिखमपुर के प्रमुख संतोष कुमार साह, नरेन्द्र साह, अमोद केवट, पत्रकार लालबाबु बानिया, राजन बानिया, रितु कुमारी कर्ण लगायत के सहभागिता रहल रहे । निःशुल्क अँखा शिबिर मे मोतियाबिन्दु मरेजीलोग के निःशुल्क अप्रेसन होखेके आयोजक संस्था जनवले बा ।






