मिर्जापुर मे उपाध्याय शारदा देवी पुस्तकालय एवम विश्रामआलय के शिलान्यास

वीरगंज १८ अगहन

पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नम्बर ३ मिर्जापुर स्थित उपाध्याय शारदा देवी पुस्तकालय एवम विश्रामआलय के आजु एगो कार्जक्रम के बिच शिलान्यास भईल बा ।

शिलान्यास कार्जक्रम मे आयोजक नुतन उपाध्याय उपाध्याय शारदा देवी पुस्तकालय एवम विश्रामआलय निशुल्क भावना से आपन निजि लगानी मे खोलल बतवनी । स्थानीयवासी युवा तथा बिद्यार्थी के सहज वतावरण प्रदान करेके सोंच से पुस्तकालय एवम विश्रामआलय निर्माण के काम सुरु कईल बतवनी ।

कार्जक्रम मे आयोजक नुतन उपाध्याय शारदा बेद बैदाङ्ग गुरूकुल शिक्षण संस्थान सन्चालन रहल बतावत उ आपन निजि जमिन मे पुस्तकालय खोले लागल बतवनी ।

आयोजक उपाध्याय ज्ञान कुन्ज हनुमान अराधना मन्डल भी वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १४ रानिघाट मे निःशुल्क सेवा देत आईल बाडन ।

आवेवाला दिन मे निर्माण होखे लागल पुस्तकालय एवम विश्रामआलय मे स्थानीय युवा तथा अगुवालोग के सहजोग होखेके बिश्वास भी लेहल आयोजक नुतन उपाध्याय बतवनी । स्थानीय बिद्यार्थीलोग के अध्ययन करेमे सहज होखेके उदेश्य से पुस्तकालय एवम विश्रामआलय निर्माण करे लागल बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।