हजारो के सहभागिता मे भव्य रुपमे निकलल गहवामाई के निशान सहित के डोली यात्रा
हजारो के सहभागिता मे भव्य रुपमे निकलल गहवामाई के निशान सहित के डोली यात्रा
वीरगंज ०४ बैशाख
वीरगंज मे मंगर के दिने ढोल बाजा सहित हजारो के सहभागिता मे भव्य रुपमे गहवामाई के निशान सहित के डोली यात्रा निकलल बा ।
चईती नवरात्र के अष्टमी तिथि के दिन गहवामाई के निशान सहित के डोली यात्रा दुपहरिया ४ बजे से मन्दिर पसिर से सुरु होके नगर परिक्रमा कईल माईस्थान सञ्चालक समिति के अध्यक्ष नरेन्द्र कुमार साह जानकारी देहनी ।
गहवामाई के धार्मिक अनुष्ठान पूरा कईला के बाद वीरगंज महानगरपालिका नगर प्रमुख राजेशमान सिंह, माईस्थान सञ्चालन समिति के अध्यक्ष नरेन्द्रकुमार शाह लगायत के विशिष्ट आदमीसब के उपस्थिति मे धार्मिक परम्परा मुताविक मन्दिर भितर से डोली यात्रा प्रारम्भ कईल रहे ।
मन्दिर के मूल पुरोहित राधेश्यामप्रसाद उपाध्याय डोली तथा निशान पूजा के सभी धार्मिक परम्परा मुताविक के अनुष्ठान पूरा कईला के बाद डोली यात्रा निकालल जानकारी देहनी । “आजु दिन के २ बजे गहवामाई के हिन्दू धार्मिक परम्परा मुताविक के पूजापाठ सुरुआत भईल”, उ कहनी, “२ बजे से ४ बजे तक पूजापाठ आ जरुरी प्रक्रिया पूरा करके ४ बजे से मन्दिर प्राङगण से डोली यात्रा निकालल रहे ।” मूल पुरोहित उपाध्याय कहनी “माता भगवती के आराधना कईला मे समग्र वीरगंजवासी के मनोकाङ्क्षा पूरा होखेके विश्वास सहित पूजाआर्चा कईल”, बतवनी ।
मन्दिर परिसर से निकलल डोली यात्रा माईस्थान के २ नम्बर रोड होत रेशमकोठी, गणेशमान चोक, वीर्तामाई मन्दिर, अलखिया मठ से मेनरोड होके महावीर मन्दिर, घन्टाघर चोक होत गहवामाई मन्दिर प्राङ्गण मे पुगके समापन भईल रहे । उ निशान मे झण्डा, लगावेवाला पट्टा आ प्रसाद भी रहल रहे । पहिलका बेर निकलल डोली यात्रा मे हजारो के सहभागिता रहल रहल खर्च समिति के सह–कोषाध्यक्ष डाक्टर प्रमोद सर्राफ बतवनी ।