देशभर ठण्डी बढल

काठमाण्डु, २५ अगहन

काठमाण्डु उपत्यका सहित देशभर ठण्डी बढल बा । आजु काठमाण्डु उपत्यका के न्यूनतम तापक्रम ई बरीस के सबसे कम ५.४ डिग्री मापन कईल बा । शुक के दिने उपत्यका के न्यूनतम तापक्रम ६.५ डिग्री रहे ।

न्यूनतम तापक्रम घटला सँगे देशभर ठण्ढी बढत गईल जल तथा मौसम विज्ञान विभाग जनवले बा । विभाग आवेवाला २४ घण्टा के खातिर चेतावनी तथा परामर्श जारी करत देशभर ठण्डी बढेके क्रम मे रहला से बँचल जरुरी सुरक्षा एवं सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा कईल बा ।

आवेवाला हप्ता के मध्य ओरी पश्चिमी वायु सँगे आईल पश्चिमी न्यूनचापीय प्रणाली (कुण्ड) के चलते सुदूरपश्चिम प्रदेश, कर्णाली प्रदेश आ गण्डकी प्रदेश के हिमाली भूभाग के कुछ जगहा मे हल्का हिमपात के सम्भावना रहल बतावल गईल बा ।

मौसम पूर्वानुमान महाशाखा के पिछिलका विवरण मुताविक आजु काठमाण्डु उपत्यका के न्यूनतम तापक्रम पाँच दशमलव चार डिग्री आ अधिकतम तापक्रम २० दशमलव सात डिग्री सेल्सियस रहल बा । एहितरे आजु सबसे कम जुम्ला के न्यूनतम तापक्रम माइनस चार दशमलव सात डिग्री आ सब से बेसी भैरवा के अधिकतम तापक्रम ३० दशमलव चार डिग्री सेल्सियस रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।