६ हजार ८८९ परिवार भूमिहीन सूचीकृत
६ हजार ८८९ परिवार भूमिहीन सूचीकृत

वीरगंज ०४ चईत
पर्सा के पाँच गो स्थानीय तह मे करिब ७ हजार भूमिहीन तथा अव्यवस्थित बसोवासी रहल मिलल बाडन । राष्ट्रिय भूमि आयोग ६ हजार ८ सय ८९ जने भूमिहीन दलित, भूमिहीन सुकुम्वासी आ अव्यवस्थित बसोवासी के सूचीकृत कईले बा ।
आयोग के मुताविक जिल्ला के पाँच गो स्थानीय तह मे एक हजार ३ सय ६३ जने भूमिहीन दलित, दु हजार ५ सय ७७ जने भूमिहीन सुकुम्वासी आ २ हजार ९ सय ४९ जने अव्यवस्थित बसोवासी रहल बाडन ।
आयोग के पर्सा अध्यक्ष तबरेज अहमद इहाँ के ठोरी गाँवपालिका, सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका, बहुदरमाई नगरपालिका, पर्सागढी नगरपालिका आ वीरगंज महानगरपालिका मे बेसी भूमिहीन के समस्या देखल गईल बतवनी । आयोग एतवार के दिने वीरगंज मे पत्रकार सम्मेलन करके ठोरी मे भूमिहीन दलित २६ जने, भुमिहीन सुकुम्वासी एक हजार सात सय ४० जने आ अव्यवस्थित बसोवासी एक हजार ९ सय ६ जने सूचीकृत भईल जनावल गईल बा ।
एहितरे पर्सागढी नगरपालिका मे भूमिहीन दलित ७ सय ७२ जने, भूमिहीन सुकुम्वासी तीन सय ५७ जने आ अव्यवस्थित बसोवासी पाँच सय ५४ जने रहल अध्यक्ष अहमद जनवले बाडन । वीरगंज महानगरपालिका मे सबसे कम भूमिहीन के समस्या देखल गईल उ बतवनी ।
१४ गो स्थानीय तह रहल पर्सा मे अभी तक पाँच गो स्थानीय तह के मात्र लगत संकलन भईल आयोग जनवले बा । बाँकी ९ गो स्थानीय तह मे लगत संकलन के काम हो रहल आयोग जनवले बा ।
लालपुर्जा वितरण के तईयारी
पाँच गो स्थानीय तह से सूचीकृत भईल ६ हजार ८ सय ८९ जने भूमिहीन तथा अव्यवस्थित बसोवासी मेसे पहिलका चरण मे एक सय ५७ जने लालपुर्जा प्राप्त करेके तईयारी भईल राष्ट्रिय भूमि आयोग जनवले बा । आयोग पर्सा के अध्यक्ष तबरेज अहमद के मुताविक वैशाख मे पहिलका चरण मे पर्सागढी नगरपालिका मे १ सय ५७ जने के लालपुर्जा देवेके तईयारी कईल बा । उल्था ईकान्तिपुर






