‘बेटी पढाऔं, बेटी बचाऔं अभियान’ सामाजिक विकास मन्त्रालय मे गईल

जनकपुरधाम १ पुस

प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद् कार्यालय से सञ्चालन करत आईल ‘बेटी पढाऔं, बेटी बचाऔं अभियान’ सामाजिक विकास मन्त्रालय मे गईल बा । ई अभियान अन्तर्गत किलास ८ के लइकी के वितरण करे खातिर किनल गईल साइकल मे अनियमितता भईल कहत अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग मुख्यमन्त्री कार्यालय मे छापा मारी कागजात नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

अख्तियार से छापा मारल कुछ दिन मे मन्त्रिपरिषद बईठक से ई कार्जक्रम सामाजिक विकास मन्त्रालय के हस्तान्तरण करेके निर्णय कईले रहे । अभियान सञ्चालन करेके जिम्मा मिलल सामाजिक विकास मन्त्रालय ई सम्बन्धी कार्यविधि तईयार कईले बा ।

बियफे के दिने बईठल मन्त्रिपरिषद बईठक से उ कार्यविधि पारित कईल प्रदेश २ सरकार के प्रवक्ता अर्थमन्त्री शैलेन्द्र साह बतवनी ।

बियफे के बईठक से राजविराज मे कुछ दिन पहिले कार्यालय स्थापना भईल कृषि विश्वविद्यालय के ३१ करोड रोपेया अनुदान देवेके सैद्धान्तिक सहमति देहले बा ।

ई रोपेया भितर योजना बनावे खातिर सैद्धान्तिक सहमति देहल मन्त्री साह बतवनी । ‘हमनी भवन निर्माण सहित के काम अगाडि बढावे खातिर ई बरीस ३१ करोड रकम कृषि विश्वविद्यालय के देवेके सैद्धान्तिक सहमति कईले बानी’ साह कहनी ।

बईठक से जिल्ला अस्पतालसब के स्तरोन्नति करेके निर्णय भी कईल मन्त्री साह जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।