दलित मुक्ति संगठन पर्सा के प्रशिक्षण कार्जक्रम

वीरगंज ०३ पुस

नेपाल दलित मुक्ति संगठन के ३४ वाँ स्थापना दिवस के अवसर मे संगठन के पर्सा जिल्ला कमिटी के पुर्ण बईठक एवं प्रशिक्षण कार्जक्रम आजु पुरा भईल बा ।

राष्ट्रिय दलित पत्रकार संघ पर्सा के कार्यालय मे संगठन के पर्सा अध्यक्ष सुशील हजरा के अध्यक्षता मे भईल प्रशिक्षण भेला से एक महिने संगठन बिस्तार अभियान संचालन करेके निर्णय कईले बा ।

बईठक एवं भेला से दलित मुक्ति संगठन के पर्सा जिल्ला भर के १४ गो पालिका मे कमिटी आ अनेकन बिभागसब पुस मसान्त भितर मे गठन करेके निर्णय भी कईले बा । बईठक एवं प्रशिक्षण भेला मे नेकपा एकीकृत समाजवादी पर्सा के अध्यक्ष बालगोपाल थापा दलित मुक्ती आन्दोलन मे कम्युनिस्ट पार्टी के योगदान बारे मे प्रशिक्षण देहले रहनी ।

पार्टी जिल्ला सचिवालय सदस्य एव दलित विभाग के इन्चार्ज बृजलाल पासवान दलित मुक्ति आन्दोलन आ आवेवाला कर्ययोजना के बिषय मे प्रशिक्षण देहले रहलन ।

भेला मे एकीकृत समाजवादी वीरगंज महानगर कमिटी के अध्यक्ष मनोज चौधरी, जिल्ला सचिवालय सदस्य पटवारीलाल बैठा, जिल्ला कमिटी सदस्य उमेश ठाकुर, अमिरका प्रसाद साह, दलित पत्रकार संघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम पासवान लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

कार्जक्रम मे स्वागत मन्तब्य संगठन के उपाध्यक्ष अमरदेव पासवान आ संचालन सह–सचीव सुरेश दास कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।