स्कूल बाहर से आईल लईकी सब के शैक्षिक सामान देहल गईल

प्रभु यादव

बारा ०७ पुस

बारा के पचरौता नगरपालिका मे स्कुल बाहर लइकी सब के शैक्षिक सामान देहल गईल बा ।

पचरौता नगरपालिका के मेयर रमेश कुमार यादव लईकी सब के शैक्षिक समान देके सुरूवात कईले बानी । स्कुल मे पढे खातिर ना जाएवाला लईकी सब के किशोरी शिक्षा देकेके स्कुल मे पढेला पेठावल गईल बा ।

पहिलका बरिस कोरोना के समय मे स्कुल बन्द भईला से लईकी सब के गाँव गाँव मे कलास चला के पढाइ के तईयारी करावल गईल शिक्षा शाखा के प्रमुख प्रमोद यादव जनकारी करावले बानी ।

युनिसेफ आ पचरौता नगरपालिका के सहजोग मे एक सय २६ जने लईकी सब के झोरा, कापी, पेन, स्कुल ड्रेस लगायत के शैक्षिक समान देहल गईल शिक्षा शाखा के प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी । शिक्षा सभे के पहुच पुगावेला सेवा सुविधा देके स्कुल मे पढेला भर्ना करावे के काम अगाडि बढावल जाए के जनकारी करावले बानी ।

कार्जक्रम मे सरोकारवाला अभिभावक पढनियार लईकी कर्मचारी संचारकर्मी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।