माध्यमिक विद्यालय बिसुनपुर्वा मानपुर के वार्षिक कार्याेजना कार्जक्रम

मेवालाल यादव

रौतहट ०९ पुस

रौतहट के माध्यमिक विद्यालय विसुनपुर्वा मानपुर मे वार्षिक कार्याेजना २०७८÷०७९ निर्माण के खातिर आयोजना भईल कार्जक्रम शुक के दिने पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम के अध्यक्ष विद्यालय व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष विशाल कुमार भण्डारी तथा प्रमुख अतिथि माधव नारायन नगरपालिका के नगर प्रमुख विरेन्द्र प्रसाद यादव नगर के आउर विद्यालय के बराबरी मे अलग काम कईल बतवनी ।

अईसे सभी गारजियन के बोला के वार्षिक प्लान सार्वजनिक कईला मे खुद के खुसी लागल बतवनी । नगरपालिका के आउर कउनो भी विद्यालय कार्य योजना बनावे ना सकल बतवनी । विद्यालय व्यवस्थापन समिति गठन करे देवेके आ ना देवेके वादबिवाद के अन्त्य भईल बतवनी ।

कार्जक्रम मे शिक्षा समन्वय ईकाई रौतहट के प्रमुख राम विनय कुमार सिंह भाईरस से विद्यालय संञ्चालन मे ठेकान ना भईल समय मे विद्यालय पठावे खातिर निहोरा कईनी । विद्यालय मे आईल आर्थिक श्रोत पारदर्शी करेके डर से प्रधानाध्यापक जिल्ला मे अभिभावक भेला करेके डराईल बतवनी । नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट के अध्यक्ष प्रेमचन्द्र झा विद्यालय के उत्कृष्ट वनावेय के प्लान सफल होखो कहके कामना कईनी ।

व्यवस्थापन समिति सदस्य नागेश्वर मुखिया विद्यालय व्यवस्थापन समिति उतकृष्ट काम करेके प्रतिवद्वता व्यक्त कइनी । प्रधानाध्यापक राजेश यादव विद्यालय मे बच्चा के पठावे खातिर निहोरा कईनी । स्वागत मन्तव्य राखत शिक्षक मईन्द्र महतो १३ शिक्षक मे ११ किलास माध्यमिक विद्यालय संचालन मे रहल आ एगो किलास मे एक सय पचिस जने तक विद्यार्थी रहल बाडन । साथे उ जिल्ला मे ई विद्यालय उत्कृष्ट होखेके दाबी कइनी । उ कार्जक्रम मे शिक्षा संयोजक रामजी राय यादव ई विद्यालय मे पहिले से अभी पठन पाठन मे सुधार भईला से हमरा बहुते खुसी लागल बतवनी ।

कार्जक्रम मे पुर्व प्रधानाध्यापक राजाराम चौधरी, जनता समाजवादी पार्टी के युवा नेता समाजसेवी पारस भण्डारी, किलास ९ के विद्यार्थी धिरेन्द्र पासवान, अभिभावक पनिलाल मुखिया लगायत के लोग आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।