नेता ललित मल्लिक द्वारा प्रशासन के चेतावनी

रौतहट १० पुस
रौतहट प्रशासन के अवरोध पुर्ण क्रियाकलाप उपर गंभिर ध्यानाकर्षण भईल कहत जनमत पार्टी के केन्द्रीय सदस्य एवं केन्द्रीय प्रकाशन विभाग प्रमुख ललित मल्लिक शानू आजु एक विज्ञप्ति निकाल के रौतहट प्रशासन के हमनी के कडा कदम उठावे मे बाध्य होखेके चेतावनी देहल विज्ञप्ति मे जनावल गईल बा ।
जनमत पार्टी के केन्द्रीय समिति द्वारा घोषित “अपन बुथ सबसे मजबुत” नारा सहित के ३ अपरेसन–बुथ–बुथ–मजबुत ६० दिने अभियान अन्र्तगत सभी मधेश भर के स्थानीय तहसब मे केन्द्रीय समिति द्वारा तोकल प्रर्यवेक्षक बुथ स्तर से समितिसब सुदृढीकरण तथा प्रशिक्षण के खातिर खटल सर्वविदिते बा माकिर काल्हु सँझिया कटहरीया नगरपालिका के खातिर तोकल प्रवयक्षक जनमत पार्टी रौतहट के जिल्ला उपाध्यक्ष श्री राम प्रवेश साह द्वारा प्रोजेक्ट के माध्यम से हथियाही मे प्रशिक्षण देहरला मे प्रहरी द्वारा अवरोध कईल आ प्रशिक्षण विथोलेके प्रयास कईल उपर गम्भिर ध्यानाकर्षण भईल बा ।
प्रहरी द्वारा राजनीतिक सभा सम्मेलन करे मिलेके लोकतान्त्रिक अधिकार उपर प्रहार कईल ठहर करत प्रहरी प्रशासन सभी के खातिर साझा होखेके, भ्रष्ट जनप्रतिनिधिलोग के पछुआ आ कठपुतली ना बने खातिर निहोरा के साथ अईसन कुकृत्य सिघ्र बन्द करेके आ हमनी के ओरी से कडा कदम उठावे मे बाध्यता सिर्जना ना करे गकरे खातिर निहोरा कईनी ।
साथे किसानलोग के हकहित के खातिर जनमत पार्टी सिरहा द्धारा घोषित आन्दोलन उपर एक्यवद्धता जनावत जनमत पार्टी सिरहा द्धारा किसान हकहित के खातिर उठावल मागसब सम्बन्धित निकाय द्धारा गंभिरता के साथ सिघ्र संबोधन करेके माग कईले बाडन ।






