नेपाली काँग्रेस के नेतृत्व बनल देउवा सरकार झाल झाल पर मन्त्री बनाके देश लुट रहलबा ः मन्त्री साह

प्रभु यादव
बारा १२ पुस
बारा के पचरौता नगरपालिका मे नेकपा एमाले के प्रथम नगर सभा सम्पन्न भईल बा ।
प्रथम नगर सभा के प्रमुख अतिथि पूर्व मन्त्री प्रभु साह नेपाली काग्रेस के नेतृत्व मे बनल देउवा सरकार झाल झाल पर मन्त्री बनाके देश लुट रहल आरोप लगावले बा । देश मे १० पार्टी गठबन्धन गुमटी भईल कहत नेकपा एमाले मातर पार्टी भईल साह बतावले बानी । नेपाल मे एक मातरे पार्टी नेकपा रहल बा माओवादी आ काँग्रेस रास्ता के किनार रहल संज्ञा साह देहले बानी ।
नेपाल के दखिन क्षेत्र मे गरिबी अधिक बढल जारहल साह जनकारी करावले बानी । पहिले दखिनी भुमि रहे तपुभुमी ऋषीमुनी के भुमि रहल रहे जवन कुछ लोग के चलते बदनाम होखे जारहल बा ओकरा के रोकेला असली नेतृत्व के हात मे देवे के पडल पूर्व मन्त्री साह बतावले बानी ।
मधेश प्रदेश प्रदेश नम्वर २ पहिले उत्पादन रहल रहे अब लोग पहिले काम करत रहल रहे पहाड के लोग मधेश मे आवत रहे माकिर अब कवनो ओईसन ना देखल जारहल बा युवा सब पछाडी पड रहल साह बतावले रहनी । पालिका सब मे रास्ता आ हस्पिटल बनावे के चहले रहईत स्थानिय जनप्रतिनिधि त वार्ड वार्ड मे बनगईल रहईत आरोप साह के रहल रहे ।
भ्रष्टाचार करहल प्रतिनिधि लोग भ्रष्ट भ्रष्ट मे लिपित भईल बा राजनिती के कुछ लोग व्यवसायी बनालेले बा साह जनकारी करावले रहनी । देश के सता मे बईठ के रस चुस रहल के कारण ईमानदार बा ओह लोग राजनीति से मुह मोड रहल बा ओह रास्ता के छोड के भ्रष्टाचार के उखाड के फेके के लेलल कान्ति करे के समय बा साह जनकारी करावले बानी ।
अभि देश मे दुगो शक्ति रहल बा एगो सता मे बा त एगो जनता के सहयोग करेला लागल बा साह सम्बोधन करत जनकारी करावले बानी । कम्युनिष्ट हारल बा त आपनने समूह के असरवादी लोग, भ्रष्टाचार करेवाला लोग के कारण हारल बा जनता के कारण हारल ना रहल बा साह जनकारी करावले रहनी ।
एमाले के अध्यक्ष केपी ओली के प्रयास मे कोशी नदी के पानी बारा तक पुगावे के काम कईल जारहल बा साह सहभागी लोग के जनकारी करावले बानी । ओली सरकार मे रहल जवना बेर तराई के शहर सब मे रास्ता बनावे के काम भईल जवना से मुहार मे हसी होरहल बा साह जनकाी करावले । केपी ओली के योगदान सेही निर्माण के काम सुरू भईल बा साह जनकारी करावले बानी ।
रास्ता मुक्त लईकालईकी के अभियान चलावल गईल स्कुल मे पढनियार लइकालईकी के खाजा के व्यवस्था भईल ओकरा के लेके अभि कुछ लोग लुट खसोट के माध्यम बनावले बा । प्रदेश नम्बर २ मे भ्रष्टाचार लुटपाट होगईल बा पहाड मे घाम लागल बा माकिर मधेश मे धुन घेरले बा साह जनकारी करावले बा ।
काँग्रेस के साथ देके देश लुटेवाला कम्युनिस्ट पार्टी देश के उन्ती ना कर सकता साह जनकारी करावले रहनी । कार्जक्रम जलन्धर सिह के सभापतित्व मे भईल जवना मे बलवीर चौधरी, अच्युत मैनाली लगायत जनता कार्यकर्ता के सहभागी भईल रहलन ।






