खाद्य स्वच्छता के आधार मे वीरगंज के होटल तथा रेष्टुरेन्ट के वर्गीकरण कईल जाई

वीरगंज १५ पुस

खाद्य स्वच्छता के आधार मे वीरगंज के होटल तथा रेष्टुरेन्ट के मूल्यांकन करके वर्गीकरण करेके जनावल जाई । खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण डिभिजन कार्यालय वीरगंज स्तरीकरण मूल्यांकन के तईयारी कईले बा । ओकरा खातिर अभियान के रुप मे सञ्चालन करेके तइयारी हो रहल कार्यालय के कर्मचारीलोग बतावेलन ।

वीरगंज मे तीन बरीस से खाद्य स्वच्छता के आधार मे होटल तथा रेष्टुरेन्ट स्तरीकरण मूल्यांकन काम स्थगित बा । तीन बरीस पहिले वीरगंज के कुछ होटल तथा रेष्टुरेन्ट के स्तरीकरण मूल्यांकन करके लोगो साटल गईल रहे । ओकरा एने स्तरीकरण मूल्यांकन काम स्थगित बा ।

स्तरीकरण मूल्यांकन के बाद लोगो टाँस कईला के साथे प्रमाणपत्र प्रदान करेके कईल बा । स्तरीकरण लोगो तथा प्रमाणपत्र के समयावधि १ बरीस के होखी । हरेक होटल, रेष्टुरेण्ट व्यवसायी खुद से मिलल प्रमाणपत्र नवीकरण के खातिर म्याद समाप्त भईल ३ महिना भितर सम्बन्धित विभाग भा कार्यालय मे निवेदन देवेके पडि ।

साथे होटल सञ्चालक के गुणस्तरीय सेवा उपलब्ध करावे के, खाएवाला सामान के बढिया से पकाके सुरक्षित तापक्रम मे राखेके, काँच आ पकावल खाएवाला अलग अलग राखेके, स्वच्छ पानी आ कच्चा पदार्थ के प्रयोग करेके, खाना पकावेवाला, भण्डारण करेके आ खियावेवाला जगहा सफा राखेके लगयत के १२ बुँदे लिखित प्रतिबद्धता जनावे खातिर लगावल जाला ।

कोरोना महामारी तथा जनशक्ति के कमी के चलते स्तरीकरण मूल्यांकन करे ना सकल बतावत खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण डिभिजन कार्यालय वीरगंज के प्रमुख विक्की राउत अब जलदी स्तरीकरण मुल्यांकन के काम शुरु करेके बतवनी ।

ओकरा खातिर जिल्ला मे सरोकारवाला सम्मिलित खाद्य स्वच्छता समिति गठन के प्रक्रिया शुरु कईल उ जानकारी देहनी । समिति मे खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण कार्यालय के अधिकृत, उपभोक्ता अधिकारकर्मी, प्रहरी प्रशासन से खटावल गईल प्रतिनिधि, स्थानीय तह, घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय के प्रतिनिधि लगायत ७ सदस्यीय समिति गठन करेके पडि ।

समिति खाद्य स्वच्छता के आधार मे होटल रेष्टुरेन्ट स्तरीकरण करेके सम्बन्धी निर्देशिका २०७४ मे भईल व्यवस्था मुताविक ५० गो सूचक के आधार मे होटल तथा रेष्टुरेन्ट के स्तरीकरण मूल्यांकन करेला ।

एगो सूचक के २ नम्बर देके मूल्यांकन कईला पर ९० से उपर अंक लियावेवाला होटल मे अति उत्तम (३ गो स्टार सहित के हरियहर लोगो) ८० से ८९ नम्बर लियावे के उत्तम (२ स्टार सहित के हरियो लोगो), ६५ से ८९ तक सन्तोषजनक (१ स्टार हरियो लोगो आ ५० देखि ६४ तक अंक लियावे के सामान्य (पियर लोगो) साटेवाला खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण कार्यालय वीरगंज जनवले बा ।

ओकरा से पहिले होटल तथा रेष्टुरेन्ट के सञ्चालक तथा व्यवस्थापक के सचेत बनावे खातिर वीरगंज मे बियफे के दिने अभिमुखीकरण कार्जक्रम भईल बा । खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण कार्यालय, प्रदेश नं–२ के आयोजना मे लोगो स्तरीकरण तथा नवीकरण सम्बन्धी अभिमुखीकरण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

होटल तथा पर्यटन व्यवसायी संघ वीरगंज के सह आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे खाद्य अनुसन्धान अधिकृत रत्नकान्त झा बाहर आकर्षक देखल गईल होटल के भान्छा मे समस्या होखे सकेके बतवनी । मूल्यांकन टोली पहिलका बेर मापदण्ड पालना करे खातिर निहोरा करेके, सुधारेके, पालना कईल मे स्तर बढावेके माकिर अटेरी कईल खण्ड मे कारबाही करे सकेके उनकर कहनाम बा ।

होटल तथा पर्यटन व्यवसायी संघ वीरगंज के अध्यक्ष हरि पन्त होटल तथा रेष्टुरेन्ट स्वच्छ सफा राखेके दायित्व व्यवसायी के भी भईल बतवनी । वीरगंज के होटल तथा पर्यटन व्यवसायी आजु पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेशकुमार ढकाल आ प्रहरी उपरीक्षक रमेश बस्नेत सँगे शान्ति सुरक्षा के विषय मे छलफल कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।