प्रेस चौतारी बारा के अध्यक्ष मे भण्डारी फेनु चयन

प्रभु यादव
बारा १५ पुस
प्रेस चौतारी नेपाल बारा के पाँच वाँ जिल्ला अधिवेशन से जिल्ला अध्यक्ष पद मे दिवाकर भण्डारी फेरसे सर्ब सहमति से चयन भईल बानी ।
उपाध्यक्ष मे राधेश्याम पटेल, महिला उपाध्यक्ष मे निलिशा बार्मा, सचिव मे अनिल तिवारी, सह– सचिव मे ईन्दिप कोईराला, सामाबेशी सचिव मे मिनाकक्षी चौधरी, कोषाध्यक्ष मे धानेशवर सापकोटा चयन भईल बानी ।
कार्यकारी समिति के सदस्य मे समाजवादी प्रेस चौचारी के सह–सचिव पद से राजिनामा देके आइल धिरेन्द्र तिवारी, जिउत यादव, रामेश्वर राउत, सिकेन्द्र साह, श्याम गुप्ता लगायत २१ सदस्यीय कमिटी चयन भईल बा । सर्व सहमत चयन भईल कार्यकारी समिति के पदधिकारी आ सदस्य लोग के प्रेस चौतारी नेपाल के केन्द्रिय अध्यक्ष गणेश बस्नेत पद तथा गोप्यनियता के सपथ खियावल अनिल गौरव जनकारी करावले बानी ।






