वीरगंज के स्थायी राजधानी बनावे खातिर खबरदारी जुलुस वीरगंज के उपेक्षा कईला पर आउर शसक्त आन्दोलन करेके चेतावनी

वीरगंज २४ पुस
वीरगंज के प्रदेश २ के स्थायी राजधानी बनावेके माग करत दबाबमुलक जुलुस प्रदर्शन कईल बा । ‘मुख्यमन्त्री चाहिदैन, वीरगंज बेच्न पाइँदैन’, कहके नारा लगावत आजु वीरगंज मे बृहत जुलुस प्रदर्शन भईल बा ।
वीरगंजवासीद्धारा स्विमिङमुल से निकालल बृहत् जुलुस वीरगंज के आदर्शनगर, अलखियामठ, गीता मन्दिर, माइस्थान होत घण्टाघर मे पुग के कोण सभा मे परिणत भईल रहे ।
कोण सभा के सम्बोधन करत प्रदेश सांसद प्रह्लाद गिरी मधेश आन्दोलन के केन्द्र वीरगंज के हि प्रदेश के स्थायी राजधानी बनावेके बात मे जोड देहले रहनी । बारा, रौतहट, सर्लाही तक के प्रतिनिधि के आवाज भी वीरगंज हि राजधानी होखेके पडि कहके रहल बतावत उ वीरगंज के राजधानी ना बनईला प आउर शसक्त आन्दोलन करेके चेतावनी देहनी ।
लोसपा के युवा नेता राजेशमान सिंह आन्दोलन के समय नेतालोग से कईल बाचा भुलला से ओकरा के फेनु झकझकावे खातिर खुदसब सडक मे आवेके परल बतवनी । वीरगंज प्रदेश के मुख्यमन्त्री मिलला पर भी उ अभी वीरगंज के भुल के जनकपुर के प्रदेश राजधानी बनावे लागल कहत समय मे आदमी के चिन्हे खातिर सभी से निहोरा कईनी ।
प्रदेश सभा के समयावधी ओराइ लागला पर अबगे प्रदेश सभा से नाम आ राजधानी टुंगो लगावे लागल बा । २०७२ के ६ महिना तक चलल मधेश आन्दोलन के समय नेतालोग वीरगंज के प्रदेश स्थायी राजधानी बनावेके प्रतिबद्धता जनवले रहलन । माकिर अभी वीरगंज के उपेक्षा करत प्रदेश राजधानी ना बनावेके षड्यन्त्र कईला के बाद ई क्षेत्र के नागरिक असन्तुष्ट बनल बाडन । जुलुस मे हजारो वीरगंजवासी के सहभागीता रहल रहे ।






