भोजपुरी टाईम्स दैनिक के १० वाँ वार्षिकोत्सव पुरा, मन्दिप राम के ह्विल चेयर देहल गईल

वीरगंज २३ सावन
नेपाल के प्रमुख तिसरका राष्ट्रिय भाषा के रुप मे रहल भोजपुरी भाषा मे पर्सा जिल्ला के वीरगंज से नियमित रुप मे प्रकाशित होत आईल नेपाल के एक मात्र भोजपुरी टाईम्स दैनिक पत्रिका फरक क्षमता भईल (अपाङ्ग) एक जने असहाय लईका के सहजोग करके आपन १० वाँ वार्षिकोत्सव मंगर के दिने मनवले बा ।
पत्रिका हरेक बरीस आपन वार्षिकोत्सव मे अनेकन कार्जक्रम करत अईला मे ई बरीस बारा जिल्ला के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. १६ मझौलिया के रहनिहार चरितर राम के १४ बरीस के बेटा मन्दिप कुमार राम जन्मल से हि अपाङ्ग रहला मे उनका के एक थान ह्विल चेयर सहजोग कईले बा ।
मन्दिप के जन्मल समय से हि हाथ गोड पूर्ण रुप मे काम ना कईला से उनका घुमफिर करेमे मे समस्या रहल बा । उनकर घर के आर्थिक अवस्था भी कमजोर रहल स्थानियलोग बतईला के बाद पत्रिका आउर कार्जक्रमसब ना करके ई बरीस मन्दिप के ह्विल चेयर सहजोग कईल पत्रिका के प्रकाशक अजय चौरसिया बतवनी ।
पत्रिका के प्रकाशक चौरसिया, कार्यकारी सम्पादक श्रवण प्रसाद साह आ बारा प्रतिनिधि प्रभु यादव मन्दिप के घर मे पुगके उनकर माई छठिया देवी राम के उ ह्विल चेयर हस्तान्तरण कईले रहलन ।
उ अवसर मे समाजसेवी ईजरायल अंसारी, स्थानिय अनिल कुशवाहा, सञ्चारकर्मी उमेश दुबे, रंजित चौरसिया, दिपेन्द्र गिरी, मुकेश चौरसिया लगायत स्थानियवासीलोग के सहभागीता रहल रहे ।
पत्रिका हरेक बरीस आपन वार्षिकोत्सव कार्जक्रम के अलग–अलग तरिका आ कार्जक्रम करके मनावत आईल बा । ई बरीस वार्षिकोत्सव मे पिछडल वर्ग मन्दिप राम के ह्विल चेयर सहजोग कईल आ आवेवाला दिन मे भी सकेभर सहजोग करके मनावेके पत्रिका के बारा प्रतिनिधि प्रभु यादव बतवनी ।
बितल बरीस वीरगंज स्थित “आमाको माया छात्रावास” मे आश्रित लईकालइकीसब के स्टेश्नरी सहजोग करके पत्रिका ९ वाँ वार्षिकोत्सव मनावल पत्रिका के कार्यकारी सम्पादक श्रवण साह बतवनी ।





