वीरगंज के विद्यालय बन्द ना करेके महानगर के निर्णय

वीरगंज २६ पुस,

कोरोना संक्रमण बढत गईला के बाद सरकार मंगर से माघ १५ गते तक देशभर के विद्यालयसब बन्द करेके निर्णय कईला पर भी वीरगंज महानगर के विद्यालयसब बन्द ना होखेके जनावल गईल बा ।

एकरा से पहिले कोरोना के दुनु लहर मे संक्रमण के हटस्पट बनल वीरगंज महानगरपालिका अभी वीरगंज मे कोरोना संक्रमण के स्थिति नियन्त्रण मे रहला से विद्यालयसब बन्द ना करेके जनावल गईल बा ।

महानगर के शैक्षिक प्रशासन महाशाखा सोमार के सँझिया एक सूचना जारी करत महानगर के विद्यालयसब बन्द ना होखेके जानकारी करवले बा । वीरगंज मे अभी तक कोरोना संक्रमण के स्थिति नियन्त्रणम मे रहला से विद्यालयसब सञ्चालन मे कउनो ना समस्या ना भईला से महानगर के विद्यालयसब नियमितरुप मे सञ्चालन मे रहेके महानगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी बतवनी ।

‘वीरगंज अभी ग्रिन जोन के अवस्था मे बा । ओहिसे अभी हि विद्यालय बन्द करेके अवस्था नईखे,’ उ कहनी । विद्यालय बन्द करेके भा सञ्चालन करेके निर्णय स्थानीय तह के अधिकार भितर परेवाला भईल कहत सरावगी कहनी, ‘जउन दिन वीरगंज मे संक्रमण के अवस्था नियन्त्रण बाहर जाएके संकेत देखल गईल बा । उहे समय से मात्र महानगर के विद्यालयसब बन्द कईल जाला ।’ सरावगी अभी आपन लईकालइकीसब के स्वास्थ्य सुरक्षा के सावधानी अपनाके निफिकिर होके विद्यालय मे पठावे खातिर अभिभावकलोग से निहोरा भी कईनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।