प्रदेश २ के नाम मधेश, स्थायी राजधानी जनकपुर

जनकपुरधाम ३ माघ
प्रदेश २ के नाम मधेश नामकरण भईल बा । सोमार के दिने बईठल प्रदेश सभा बईठक से प्रदेश सभा के नाम मधेश प्रदेश राखेके प्रस्ताव दु तिहाइ बहुमत के साथ पास कईले बा ।
सोमार के दिने बईठल दुररका बईठक मे भईल मतदान मे ९९ सांसद सहभागी भईल रहलन, जउना मेसे ८० जने पक्ष मे मत देहलन ।
सरकार के नेतृत्व कर रहल जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) सँगे सत्तारुढ माओवादी केन्द्र आ विपक्षी लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी (लोसपा) संयुक्त रुप मे प्रदेश के नाम मधेश प्रस्ताव कईले रहलन । जसपा के ३९, माओवादी के ८ आ लोसपा के १६ करके ६३ जने सांसद रहलन । १ सांसद रहल नेपाल संघीय समाजवादी पार्टी भी एमे समर्थन जनवले रहे ।
माकिर आउर दल के १६ सांसद भी प्रदेश के नाम मधेश राखेके प्रस्ताव के पक्ष मे मतदान कईले बाडन ।
मधेश नाम स्वीकृत भईला के बाद अब आउर नाम स्वतः निष्क्रिय भईल सभामुख सरोजकुमार यादव जानकारी देहनी । कांग्रेस ‘मिथिला भोजपुरा’, नेकपा एकीकृत समाजवादी आ नेकपा एमाले ‘जानकी’ तथा कांग्रेस के सांसद राजेश्वर साह ‘मध्य मधेश’ नाम प्रस्ताव कईले रहलन ।
एकरा से पहिले ३ चईत २०७६ मे मतदान भईला पर भी प्रदेश के नामकरण होखे सकल ना रहे ।
स्थायी राजधानी जनकपुर
सोमार के दिने प्रदेश सभा स्थायी राजधानी जनकपुर टुंगो लगवले बा । पहिलका बईठक मे भईल मतदान मे ७८ जने जनकपुर के पक्ष मे मत देहले रहलन ।
प्रदेश २ के राजधानी तथा नामकरण सम्बन्धी अध्ययन विशेष समिति स्थायी राजधानी के खातिर शुरु मे ७ गो प्रस्ताव कईले रहे । बाद मे ओकरा के परिमार्जन करके तीन गो बनवले रहे, जउना मेसे जनकपुर मे दु तिहाइ बहुमत मत प्रकट भईल बा ।
स्थायी राजधानी जनकपुर के केन्द्र होके उत्तर मे ढल्केवर पूर्व पश्चिम लोकमार्ग, पूर्व मे कमला नदी, पश्चिम मे मिथिला माध्यमिक परिक्रमा सडक आ दक्षिण नेपाल के सिमाना कायम होखी ।
मधेश प्रदेश मे बिहान छुटी
मधेश प्रदेश मे बिहान सार्वजनिक छुटी घोषणा कईल बा ।
नाम मधेश आ राजधानी जनकपुरधाम तय भईला के बाद प्रदेश सरकार मंगर के दिने सार्वजनिक छुटी देहले बा ।
मधेश प्रदेश सरकार के प्रबक्ता भी रहल अर्थ मन्त्री शैलेन्द्र साह मंगर के दिने प्रदेश मे छुटी देवेके बतवनी । नाम आ राजधानी तय भईला के बाद खुशियाली मे छुटी देवेके उनकर कहनाम बा । प्रदेश सभा मे सोमार के दिने भईल मतदान से प्रदेश के नाम मधेश आ स्थायी राजधानी जनकपुरधाम तोकल गईल बा । नाम मधेश के पक्ष मे ८० आ राजधानी जनकपुधराम के पक्ष मे ७८ जने सांसद मतदान कईले बाडन ।





