स्थायी राजधानी जनकपुर भईला के बाद वीरगंज मे मुख्यमन्त्री राउत के पुत्ला जरल

वीरगंज ०३ माघ
वीरगंज के प्रदेश २ के स्थायी राजधानी ना बनावल कहत विरोध प्रदर्शन कईल बा । लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी (लोसपा) के युवा नेतालोग सोमार के सँझिया बिरोध प्रदर्शन कईले बाडन ।
घण्टाघर चोक मे उलोग प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के पुत्ला भी जरवले बाडन । सोमार के दुपहरिया प्रदेश सभा मे भईल मतदान मे दु तिहाइ मत से स्थायी राजधानी जनकपुर कायम भईल रहे ।
स्थायी राजधानी कायम भईला के बाद एकरा से पहिले वीरगंज के राजधानी बनावेके माग करत आन्दोलन करत आरहला से सडक मे आक्रोश जनवले बाडन ।
मुख्यमन्त्री राउत वीरगंज के बासिन्दा रहल आ वीरगंज से प्रदेश सांसद निर्वाचित होके मुख्यमन्त्री बनला पर भी राजधानी वीरगंज बनावे खातिर पहल ना कईल कहत युवालोग उनकर पुत्ला दहन कईले बाडन ।
उ समय मे उलोग मुख्यमन्त्री आ प्रदेश सांसदलोग विरुद्ध नाराबाजी भी कईले रहलन । उलोग मुख्यमन्त्री राउत के राजीनमा भी माग कईले रहलन ।
प्रदर्शन के अगुवाइ कईल लोसपा के जिल्ला उपाध्यक्ष सुजित गिरी मुख्यमन्त्री राउत वीरगंज के होके भी वीगंज से गद्धारी कईल बतवनी ।
‘मुख्यमन्त्रीसहित पर्सा आ बारा से जितल कुछ प्रदेश सांसद भी वीरगंज से गद्धारी कईले बाडन, उलोग विरुद्ध हमनी मंगर से आउर सशक्त आन्दोलन करेम,’ उ कहनी । जनकपुर राजधानी हमनी के कउनो भी हालत मे मान्य ना होखेके कहत गिरी, ‘राजधानी के विषय के लेके प्रदेश २ टुक्रा हो सकेके अवस्था भी आवत बा । अब हमनी उहे रास्ता मे अगाडि बढेम ।
जनकपुर स्थायी राजधानी कायम भईला के बाद वीरगंज आ पर्सा के प्रदेश सांसदलोग आ इहा के राजनीतिक दल के नेतालोग भी आक्रोश व्यक्त कईले बाडन । वीरगंज के राजधानी बनावे खातिर प्रदेशसभा मे प्रस्ताव दर्ता करावल पर्सा क्षेत्र नम्बर २ के ख के प्रदेशसांसद राजेश्वर प्रसाद साह तेली वीरगंज से धोखा कईल प्रतिक्रिया देहनी । राजधानी के खातिर जनकपुर से वीरगंज हरेक दृष्टि से उपयुक्त भईला पर भी दु तिहाइ के आड मे जनकपुर के राजधानी बनावल गइल उ बतवनी ।
‘एमे वीरगंज के मधेस आन्दोलन के केन्द्र बनाके वीरगंज के वर्वाद कईल मधेसी दल के नेतालोग भी जिम्मेवार बाडन । अब जनता उलोग से हिसाब किताब लिहें,’ साह कहनी ।
पर्सा के प्रदेश सांसद एंव जनता समाजवादी पार्टी के नेतृ करिमा बेगम भी जनकपुर राजधानी मान्य ना भईल बतवनी । उ कहनी, ‘वीरगंज के जनता जनकपुर के राजधानी मानेके तयार नईखन, बरु पर्सा, बारा जिल्ला के बागमती प्रदेश मे मिलाके हेटौडा के राजधानी स्वीकारे खातिर तईयार बाडन । अब जनता के भावना मुताविक हमनी भी अगाडि बढेम,’ उ कहनी ।
नेपाली कांग्रेस वीरगंज महानगर के सभापति भोला प्रसाद कलवार भी जनकपुर राजधानी बनाके वीरगंज से मधेसी दल धोखा देहल आरोप लगवनी । कहत उ, ‘प्रदेशसभा मे दु तिहाइ से जनकपुर राजधानी कायम कईला पर भी हमनी ना मानेम, वीरगंज के पक्ष मे हमनी आन्दोलन चर्काएम, आन्दोलन से हि वीरगंज राजधानी कायम कराई, ना भईला पर हमनी बागमती प्रदेश मे जाके मिलेम,’ उ कहनी ।






