मालवाहक गाडी मे लागुऔषध तस्करी करेवाला दु युवक पकडईलें
मालवाहक गाडी मे लागुऔषध तस्करी करेवाला दु युवक पकडईलें

वीरगंज २६ चईत
वीरगंज मे पुलीस बहुते परिमाण मे लागुऔषध सहित दु जने के पकडले बा । मालवाहक पिकअप गाडी मे लागुऔषध तस्करी करेवाला दु जने के बहुते परिमाण मे लागुऔषध सहित वीरगंज के नगवा से पुलीस पकडले बा ।
विशेष सूचना के आधार मे इलाका प्रहरी कार्यालय नगवा से खटल प्रहरी टोली बितल शनिचर के दिने सँझिया वीरगंज महानगरपालिका–१६ नगवा के बोखार चोक मे मधेश प्रदेश ०३–००१ च ७०९८ नम्बर के पिकअप गाडी के रोकके चेकजाँच कईले रहे । चेकजाँच के समय मे उ पिकअप गाडी मे फल्स सिलिङ बनाके फल्स भितर करिया टेप से लपेटके लुकावल लागुऔषध नुरफिन हजार १ हजार २०० पिस, फेनारगन १ हजार २०० पिस, डाइजेपाम १ हजार २०० पिस, ओनरेक्स ५० बोत्तल आ टपेन्टाडोल ट्याब्लेट ३९० पिस बरामद भईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा बतवनी ।
बरामद लागुऔषध सहित गाडी के चालक वीरगंज महानगरपालिका–२० के २१ बरीस के विष्णु पटेल आ उहे जगहा मे २० बरीस के राजन यादव के भी नियन्त्रण मे लेहल थापा जानकारी देहनी । लागुऔषध आ गाडी सहित नियन्त्रण मे लेहल दुनु जने विरुद्ध लागुऔषध सम्बन्धी कसूर मे एतवार के दिने पर्सा जिल्ला अदालत से सात दिन के म्याद थप अनुमति लेके आउर अनुसन्धान हो रहल थापा बतवनी ।






