राजधानी ना मिलला के बाद वीरगंज मे बिरोध प्रदर्शन, मुख्यमन्त्री के घर पर पथल चलल

भोटा. संवाददाता

वीरगंज ०४ माघ,

मधेस प्रदेश के स्थायी राजधानी जनकपुर कायम कईला के बाद ओकर विरोध मे मंगर के दिने भी वीरगंज मे प्रदर्शन भईल बा । वीरगंज के राजधानी ना बनावल विरोध मे आजु नेपाली काँग्रेस प्रदर्शन कईले बा । काँग्रेस के झण्डा आ करिया झण्डा सहित मोटरसाइकल जुलुश निकाल के प्रदर्शन कईले बा ।

कांग्रेस वीरगंज महानगर कार्यसमिति के अगुवाइ मे घण्टाघर चोक से निकलल करिया झण्डा सहित के मोटरसाइकल जुलुश आदर्शनगर, माइस्थान, घण्टाघर होत नगर के परिक्रम करेके समय मे वीरगंज–१३ तेजारथ टोलस्थित मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के घर अगाडि पुग के भी नाराबाजी कईले रहे ।

उ समय मे जुलुश मे सहभागी मुख्यमन्त्री राउत के घर पर पथल भी चलवले रहलन । पथल से मुख्यमन्त्री राउत के घर के दु गो सिसा फुटल बा । प्रदर्शन मे सहभागीलोग ‘वीरगंज के मुख्यमन्त्री ना चाहिं, हमनी के वीरगंज के कुर्सी से बेंचे ना मिली,’ ‘मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत मुर्दावाद लगायत के नारा भी लगवले रहलन ।

मुख्यमन्त्री के घर मे पथल चलावल आरोप मे वीरगंज–१ छपकैया रहेवाला २६ बरीस के सुमन पटेल के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल बतवनी । पकडाईल पटेल नेपाली कांग्रेस के जुलुस मे सहभागी भईल उनकर दाबी बा । उनका विरूद्ध आपराधिक उपद्र के मुद्दा दर्ता करेके तईयारी रहल पुलीस के कहनाम बा ।

जुलुश के अगुवाइ कईल काँग्रेस नगरसभापति वीरगंज के प्रादेशिक राजधानी बनावे खातिर कांग्रेस आन्दोलन के विगुल फुकला से वीरगंज राजधानी ना बनेतक खुदसब के आन्दोलन जारी हि रहेके बतवनी ।

एहितरे वीरगंज के राजधानी ना बनावल विरोध मे पर्सा के पोखरीया मे भी आजु प्रदर्शन कईल बा । एमाले पोखरीया नगर कमिटी के आयोजना भईल प्रदर्शन मे मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के पुत्ला दहन भी कईले बा ।

प्रदर्शन के बाद आयोजना कईल कोणसभा मे बोलत एमाले केन्द्रीय सदस्य राजकुमार गुप्ता वीरगंज के राजधानी ना बनाके घोर अन्याय कईल बतवनी । उ अब पर्सा जिल्ला के बागमति प्रदेश मे मिलावे खातिर आन्दोलन सुरु करेके चेतावनी भी देहनी । मंगर के दिने हि लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी (लोसपा) पर्सा एक विज्ञप्ति जारी करत वीरगंज के प्रदेश के राजधानी ना बनावल कहत आपत्ति जनवले बा ।

लोसपा पर्सा के अध्यक्ष पुरुषोत्तमलाल झा से जारी कईल विज्ञप्ति मे मधेस आन्दोलन मे वीरगंज से कईल योगदान के अवमुल्यन करत जनकपुर के राजधानी बनईला मे भत्र्सना करत राजधानी के विषय मे प्रदेशसभा से कईल निर्णय सँचियावे के माग कईल बा । एकरा से पहिले सोमार के सँझिया भी वीरगंज मे युवालोग के एक समुह प्रदर्शन करत मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के पुत्ला भी जरवले रहलन ।

प्रदेशसभा सोमार के दिने मतदान मार्फत जनकपुर के स्थायी राजधानी कायम कईला के बाद वीरगंज उपर अन्याय भईल कहत इहाँ के प्रदेशसांसद, युवा आ सर्वसाधरण विरोध जनावत आक्रोश जनवले बाडन । वीरगंज मे कईल मधेस आन्दोलन के बल मे देश से संघीयता मिलल आ मधेस आन्दोलन के समय मधेसी दल के शीर्ष नेतालोग भी राजधानी वीरगंज हि बनी कहके भाषण कईल माकिर अभी वीरगंज के उपेक्षा करके जनकपुर के राजधानी बनावल कहत आक्रोश आ असन्तुष्टि व्यक्त हो रहल बा ।

वीरगंज के प्रदेश के राजधानी ना बनईला के बाद अब पर्सा आ बारा जिल्ला, बागमति प्रदेश मे मिलावे के आवाज भी उठे लागल बा । एहितरे पर्सा, बारा, रौतहट आ सर्लाही करके ४ जिल्ला के अलगे भोजपुरा प्रदेश बनावेके आवाज भी सामाजिक सन्जाल मार्फत आरहल बा ।

जसपा के नेतृ एंव प्रदेश सांसद करिमा बेगम वीरगंज सँगे अन्याय भईल कहत एकरा बाद चालेवाला कदम के बारे मे खुद तइयारी कर रहल बतवनी ।

जरुरी परला पर प्रदेशसांसद पद से राजीनामा देवे खातिर तइयार रहल कहत प्रदेशसांद बेगम कहनी, ‘पर्सा, बारा आ रौतहट के प्रदेश सांसदलोग के जलदी बईठक बईठके एगो ठोस निष्कर्ष मे पुगल जाई’ कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।