वार्ड कार्यालय आ स्वास्थ्य चौकी मे आगजनी

वीरगंज २१ चईत,

लकडाउन के समय वीरगंज महानगरपालिका २४ के वार्ड कार्यालय मे आगजनी भईल बा । अज्ञात समूह वार्ड कार्यालय मे आगजनी कईला के साथे सामान भी चोरी करके लेगईल बाडन ।

अज्ञात समूह वार्ड कार्यालय भवन मे रहल स्वास्थ्य चौकी के भी दुवारी तुरके कुछ दवाई चोरी करके लेगईल बाडन । रामगढवा मे रहल वार्ड कार्यालय आ स्वास्थ्य चौकी मे बियफे के रात अज्ञात समूह आगजनी कईला के साथे सरसामान भी चोरी करके लेगईल वार्ड अध्यक्ष दशरथ राउत कुर्मी जानकारी देहनी ।

बियफे के रात अज्ञात समूह वार्ड कार्यालय के दुवारी के ताला फोर के कार्यालय भितर आगजनी कईला पर टेबुल १ थान, कुर्सी २ थान आ कार्यालय के अनेकन अभिलेख रहल कागजपत्रसब जरके राखी भईल बा ।
कार्यालय भितर रहल २ मेसे एगो दराज के ताला फोर के ओकरा भितर रहल सभी कागपत्र आ फाइल निकाल के आगजनी कईल वार्ड सचिव घनश्याम कुर्मी बतवनी ।

वार्ड कार्यालय से कम्प्युटर डेस्कटप १ थान, सिपियु १ थान, प्रिन्टर १ थान, युपिएस १ थान , पंखा १ थान, हिटर १ थान, राउटर १ थान आ पानी तानेवाला मोटर १ थान चोरी भईल वार्ड सचिव घनश्याम जानकारी देहनी ।

आगजनी करेवालालोग स्वास्थ्य चौकी के कोठरी के भी ताला फोर के कुछ दवाई चोरा के लेगईल उ बतवनी । लकडाउन से समस्या मे पडल विपन्न, गरिव के राहत बाँटे खातिर सर्वदलीय बईठक बईठे खातिर शुक के दिने सबेरे ७ बजे वार्ड कार्यालय पुगला पर कार्यालय के ताला फोर के आगजनी कईल देखल गईल वार्ड सचिव कुर्मी बतवनी ।

आगजनी आ चोरी से करिब चार लाख बराबर के नोक्सानी भईल उ जानकारी देहनी । चोरी करेके मनसाय से भी जनप्रतिनिधि सँगे खिंस के चलते वार्ड कार्यालय मे आगजनी कईल हो सकेके वार्ड अध्यक्ष दशरथ बतवनी । वार्ड अध्यक्ष दशरथ, घटना मे संलग्न के पहिचान के खातिर पुलीस भी अनुसन्धान कर रहल बा ।

हमनी भी आपन तरिका छानबिन कर रहल बानी ।’ पर्सा के प्रहरी नायव उपरीक्षक वीरेन्द्र बहादुर शाही घटना मे संलग्न के खोजी हो रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।