कोरोना सङ्क्रमण के बढल जोखिम ः सेवा कटौती कर रहल सरकारी कार्यालय

वीरगंज १३ माघ
कोरोना भाइरस सङ्क्रमण के जोखिम बढत गईल आ कर्मचारी सङ्क्रमित होखे लागला के बाद पर्सास्थित अनेकन सरकारी कार्यालय जरुरत बाहेक के सेवा–सुविधा कटौती करे लागल बाडन ।
पिछिलका बेर जिल्ला अदालत पर्सा कोरोना भाइरस सङ्क्रमण के जोखिम बढत गईला के चलते सर्वसाधारण के भीड के व्यवस्थित करे खातिर आपन सेवा मे कटौती कईल जनवले बा । अदालत से बन्दी प्रत्यक्षीकरण आ निषेधाज्ञा के रिट नियमितरूप मे सुनुवाइ करेके, फिराद दाबी फिर्ता तामेली एवं मिलापत्र सम्बन्धी निवेदन गोला लागेसे पहिले निवेदन परल उहे दिन आ ओकरा बाद निवेदन परला मे ओकर बिहान भईला सुनुवाइ करेके जनवले बा । एहितरे म्याद थप करेके, पक्राउ पूर्जी जारी करे खातिर अनुमति देवेके तथा जरुरी पक्राउ पूर्जी स्वीकृत करेके तथा बाल निगरानी कक्ष मे रहल लईकालइकी के गारजियन के जिम्मा मे देवेके निवेदन मे नियमित सुनुवाइ करेके भईल बा ।
एहितरे नेपाल सरकार बादी होके चलल मुद्दा स्वास्थ्य सतर्कता अपनावत पेशी व्यवस्थापन करेके, एक दिन मे २० थान तथा अन्तिम म्याद भईल फिराद दर्ता मात्र दर्ता करेके, दर्ताद्वारा वियाह, धर्मपुत्र–पुत्री के निवेदन अधिकृत वारेसनामा प्रमाणित, मृत्यु के न्यायिक घोषणा इत्यादि के निवेदन दिन के पाँच गो मात्र दर्ता करेके जनवले बा ।
एहितरे फरार प्रतिवादी हाजिर करईला पर तथा पक्राउ करके हाजिर करईला पर गोला लागेसे पहिले पेश भईल उहे दिन आ ओकरा बाद निवेदन परला पर ओकर बिहान भईला गोला मे डालके बयान आ थुनछेक आदेश करेके आ मास्कलगायत जरुरी स्वास्थ्य सावधानी अपनाके मात्र अदालत परिसर मे प्रवेश अनुमति देवेके लगायत के व्यवस्था कईल अदालत जनवले बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ यातायात व्यवस्था कार्यालय (सवारी चालक अनुमति प्रदान करेके) जरुरी बाहेक के सेवा–सुविधा एकरा से पहिले ना कटौती कईले बाडन ।





