वीरगंज मे आउर एक जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु

वीरगंज १४ माघ

वीरगंज मे कोरोना संक्रमण से आउर एक जने जनजानी के मृत्यु भईल बा ।

मृत्यु होखेवाला मे वीरगंज महानगरपालिका–२७ के ६५ बरीस के जनानी रहल बाडि ।

माघ ७ गते अस्पताल भर्ना भईल उनकर शुक के सबेरे साढे ७ बजे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल जनवले बा । माघ ७ गते हि कईल एन्टीजेन परीक्षण कईला पर उनका कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

अस्पताल के कोभिड संयोजक डाक्टर उदय नारायण सिंह के मुताविक पेटझरी भईला के बाद उनका के अस्पताल लियावल गईल रहे । ईलाज के बाद उनकर अवस्था मे सुधार आवत रहे । कोरोना भाइरस विरुद्ध भेरोसेल खोप के दुनु मात्रा लगईला पर भी उनका मे कोरोना संक्रमण देखल गईल रहे ।

नारायणी अस्पताल मे अभी ४ जने जनानी सहित १४ जने कोरोना संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । जउना मेसे ८ जने अक्सिजन मे आ एक जने भेन्टिलेटर मे बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।