कलैया उपमहानगरपालिका के निर्देशन संस्थागत स्कूल नईखे टेरत

प्रभु यादव

बारा १६ माघ

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका के मातहत मे संञचालन संस्थागत स्कुल सब निर्देशन नईखे टेरत । अभि आईल कोरोना के कहर के नयाँ रूप के बढे ना देवेला संघिय सरकार से स्कुल के बिदा कर के सुचना कईल समुदायिक स्कूल विदा करदेहलख माकिर संस्थागत स्कुल अटेर कर के सञ्चालन मे रहल बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका के शिक्षा शाखा के शिक्षा अधिकृत विजय अधिकारी से जनकारी लेहला पर पालिका से सुचना जारी कईला पर सभे स्कुल के माने के परी माकिर संस्थागत स्कुल सब अटेर कईले बा सुकार कईले बानी । पहिलका सुचना के अटेर कईला पर दुसरका सुचना देहल गईल रहल माकिर ओह के भि अटेर कईलावाद कोरोना के प्रभाव से कवनो घटना होईत स्कुल आपने जिम्मेवार बने के परि सुचना जारी कईल गईल शिक्षा अधिकृत अधिकारी जनकारी करावले बानी ।

पालिका के शिक्षा नियमावली से चलेवाला संस्थागत स्कुल सब पढनियार लईकालईकि के विवरण समेत ना देवेला आ अटेरी करत आईल अधिकारी जनकारी करावले बानी । संस्थागत स्कुल के छव महिना पहिले अनुगमन कईल गईल रहल जवन समय मे १२ गो स्कुल अनुमति विना के कलास चला रहल भेटल रहल ओकरा सब के बन्द करे के पत्रचार कईल गईल रहे अधिकारी जनकारी करावले बानी । करवाही कर के संस्थागत स्कुल के नियमतह लियावेला निर्णय कईल गइल रहल माकिर फिर से संस्थागत स्कुल के कलास बढावेवाला भईल लोग के अनुमति देवे के काम काज अगाडि बढावे के काम तयारी कईल जारहल बा जेकरा वाद कर्वाही कईल जायेके जनकारी शिक्षा अधिकृत जनकारी करावले बानी ।

पालिका के लाचारीता आ आपसी स्वार्थ के कारण सरकारी नियम के ना मानत आपन मनोपली करहल संस्थागत स्कुल सब अटेर करहल नागरिक समाज के बारा अध्यक्ष उमेशलाल दास के सिकायत रहल बा । सरकारी स्कुल मे पढेवाला गरिब, असाय, कमजोर लोग के बालबच्चा रहल बा कवनो खोजविन नाकर के सोझा साझा रहल लोग के शिक्षा से बचित करवारहल बा आउरी अमिर पईसावाला पहुच भईल लोग के लईका पढेवाला संस्थागत स्कुल नियम मिची ओकरा के बन्द आउरी कर्वाही करेला लचारिता रहवेकरी अभिभावक सरोज साह सिकायत कईले बानी ।

सरकारी स्कुल पईसा खाएला बनावल गईल का कवनो ना कवनो बहना मे बन्द करल जाला संस्थागत स्कुल सभे दिन पढावेला आपना लईका के पढावेला खाना ना खाईब माकिर संस्थागत मे पढाईब कलैया २ के मुक्ति यादव जनकारी करावले बानी । समुदायिक स्कुल मे कोरोना लाग जाई काहे कि उहाँ अभिभावक के पईसा ना तिरेके परेला जहाँ पईसा आवेला उहाँ कवनो नियम कानुन ना लागेला सिकायत सुरेश साह के रहल बा ।

सरकारी स्कुल के बन्द कर के निजि स्कुल के बढावा देहला से जनता सब के निजि ओर आकर्षण बढावेला असर देहल जारहल बा जवना से शिक्षा से सम्बन्धित सभे के लाभ होखेला कलैया ३ के रमेश साह के आरोप रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।